For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गृहमंत्री अमित शाह दू दिन के महाराष्ट्र दौरा पs आइल बाड़े एह दउरान उ बीजेपी के एगो रैली के संबोधित कइले जहवां उ 'इंडिया' गठबंधन पs निशाना सधले !

11:48 AM Mar 06, 2024 IST | Raj Nandani
गृहमंत्री अमित शाह दू  दिन के महाराष्ट्र दौरा पs आइल बाड़े एह दउरान उ बीजेपी के एगो रैली के संबोधित कइले जहवां उ  इंडिया  गठबंधन पs निशाना सधले
Advertisement

गृह मंत्री अमित शाह: "हम शायद 2047 में एह दुनिया में ना रही बाकी 2047 तक भारत हर क्षेत्र में दुनिया के नेतृत्व करी"

Advertisement

"भारत दुनिया के सबसे विकसित देश बनी। मोदी सरकार के लक्ष्य रखलऽ बा 2047 तक ले"

उ कहले - "हालांकि, INDI गठबंधन के मुख्य उद्देश्य पार्टी प्रमुखन के उत्तराधिकारियन के करियर के निर्माण करलऽ बा।"

Amit Shah Speech: केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह विपक्षी गठबंधन ‘इंडियन नेशनल डेवलपमेंटल इन्क्लूसिव अलायंस’ (इंडिया) में शामिल दलन पs ‘वंशवाद के बढ़ावा देवे' के खातिर निशाना साधते मंगलवार के युवा सन से उ लोगन के वोट देवे के आग्रह कइले जवन लोकतंत्र के मजबूत करी । उत्तर महाराष्ट्र के जलगांव में बीजेपी के एगो युवा रैली के संबोधित करते शाह ने पूछले कि जवन दल अपना संगठननऽ के भीतर 'परिवारवाद' (एगो परिवार के नेतृत्व) के बढ़ावा देतऽ बा , उऽ देश के लोकतंत्र के कइसे मजबूत कर सकत बानी ।

विपक्ष पऽ निशाना

शाह कहले कि बीजेपी के एगो वोट देवे के मतलब ‘भारत खातिर’ आ नरेन्द्र मोदी के तीसरा बेर प्रधानमंत्री बनावे के खातिर वोट । कहले कि बीजेपी के वोट देवे के मतलब युवावन के शानदार भविष्य खातिर मतदान करे के बा । शाह कहले, ‘‘(प्रधानमंत्री नरेन्द्र) मोदी एगो व्यक्ति के चंद्रमा पs भेजे के कोशिश करतऽ बाड़े ,आ (कांग्रेस नेता) सोनिया (गांधी) अपना बेटा राहुल के 20वीं बार लॉन्च करे के कोशिश कर रहलऽ बाड़ी । उ 19 बार कोशिश कइली, बाकी उऽ कबो उनका गंतव्य ले पहुंचावे में सफल ना भइलि'

कहले, ‘‘सोनिया, राहुल के प्रधानमंत्री बनावे के कोशिश कर रहलऽ बाड़ी , उद्धव ठाकरे अपना बेटा आदित्य के मुख्यमंत्री बनावे चाहतऽ बाड़े, शरद पवार अपना बेटी के मुख्यमंत्री बनावल चाहतऽ बाड़े, ममता दीदी (ममता बनर्जी) अपना भतीजा के मुख्यमंत्री बनावे चाहतऽ बाड़े, आ एमके स्टालिन अपना बेटा के मुख्यमंत्री बनावल चाहत बाड़े।’’ शाह आरोप लगवले कि मोदी के विरोध करे वालन ‘इंडिया’ के सहजोगी दल वंशवाद के राजनीति के बढ़ावा देतऽ बा।

शाह कहले कि जब अटल बिहारी वाजपेयी प्रधानमंत्री पद छोडले तब देश के अर्थव्यवस्था दुनिया के 11वां सबसे बड़हन अर्थव्यवस्था बन गइलऽ रहे, जबकि 'मनमोहन सिंह आ सोनिया गांधी' संयुक्त प्रगतिशील गठबंधन (संप्रग) सरकार के 10 साल के दउऽरान देश के ओही स्थिति में रखले रहे । उऽ कहले कि मोदी देश के 5वां सबसा बड़ अर्थव्यवस्था बनवले। उऽ कहले, ‘‘मोदी के गारंटी बा की उऽ तीसरा कार्यकाल दी आ उऽ देश के दुनिया के तीसरा सबसे बड़ अर्थव्यवस्था बना दिहन, उनकरा पास दस साल के रिपोर्ट कार्ड आ अगिला 25 साल के विजन बा’’

शाह युवा लोगन से कहले कि रउवा हमेशा अइसन नेता नइखे मिली । शाह युवा लोगन से सवाल कइले कि का उनकरा लागेला की वंशवाद के बढ़ावा देबे वालन दलन में उनकरा खातिर कय गो जगहा बा । केंद्रीय मंत्री कहले, ‘‘एकमात्र पार्टी जहवां रउवा खातिर अवसर बा उऽ बीजेपी बाटे आ राउर नेता नरेन्द्र मोदी हमेशा रउवा खातिर मौजूद बाड़े । उऽ देश के सुरक्षित बनवले आ आतंकवाद तथा नक्सली खतरा के खत्म कइले बाड़े'

शाह दावा कइले कि राहुल गांधी अनुच्छेद 370 के प्रावधान के निरस्त करे के मोदी सरकार के फइसला के विरोध करत कहले कि एकर परिणामस्वरूप जम्मू-कश्मीर के सड़कन पऽ खून बही । बीजेपी नेता कहले, ‘‘'खून के बारे में भूल जाइ, कोई के कंकडो पथर फेके के हिम्मत ना कइलख।’’

Tags :
Advertisement