For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

नेपाल में आइल 6.4 तीव्रता के भूकंप, दिल्ली-NCR समेत उत्तर भारत में महसूस कइल गइल तेज झटका

12:07 AM Nov 04, 2023 IST | Minee Upadhyay
नेपाल में आइल 6 4 तीव्रता के भूकंप  दिल्ली ncr समेत उत्तर भारत में महसूस कइल गइल तेज झटका
Advertisement

Advertisement

दिल्ली-एनसीआर में तेज भूकंप के झटका महसूस भइल। एकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 6.4 नापल गइल। भूकंप बहुत तेज रहे। दिल्ली एनसीआर समेत उत्तर भारत के कई इलाका में भूकंप के झटका महसूस भईल। भूकंप के केन्द्र नेपाल में 10 किलोमीटर गहराई पs रहे।

जब भूकंप आईल त लोग डेरा गईले अवुरी घर अवुरी ऑफिस से बहरी निकल गईले। हालांकि फिलहाल कवनो प्रकार के नुकसान के संबंध में कवनो जानकारी नईखे मिलल। नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी ट्विटर प एगो पोस्ट के माध्यम से भूकंप के जानकारी दिहलस।

मिलल जानकारी के मुताबिक भूकंप रात 11:32 बजके 54 सेकंड पs आईल। भूकंप के केन्द्र नेपाल में 10 किलोमीटर गहराई पs बा। एकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 6.4 नापल गइल बा।

Tags :
Advertisement