टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Earthquake in khandwa: खंडवा में महसूस भइल भूकंप के झटका, 3.6 रिएक्टर तीव्रता आंकल गइल; 10 किमी दूर रहल केंद्र

01:03 PM Jun 21, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

मध्य प्रदेश के खंडवा जिला में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल बा। भूकंप के केंद्र खंडवा से दस किलोमीटर रह बा। एसे कवनो तरे के नुकसान के जानकारी सामने नइखे आइल। हालांकि, भूकंप के झटकन से डेरा के लोग घरन से बाहर निकल आइल रहे।

Advertisement

जानकारी के मोताबिक खंड़वा में सुक के सबेरे नव बजे के लमसम भूगर्भीय हलचल महसूस कइल गइल। कुछ जगह लोगन के विस्फोट जइसन आवाज सुनाई देलस तs कुछ इलाकन में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। हालांकि, भूकंप के केंद्र खंडवा से 10 किलोमीटर दूर रहल।

भूकंप के झटका के आनंद नगर, हाउसिंग बोर्ड कॉलोनी, माता चौक, एलआईजी, सिंघाड़ तलाई, कीर्ति नगर, गुलमोहर कॉलीनी, नवकार नगर सहित आउर कॉलोनियन में रहे वाला लोग एकर पुष्टि कइले बा।

एडीएम काशीराम बडोले बतवलें कि भूकंप के असर जिला भर में महसूस कइल गइल बा। हालांकि, लोगन के खाली कंपन के अहसास भा, एसे कवनो तरे के नुकसान के सूचना नइखे। स्थानीय मौसम विभाग भूकंप के तीव्रता 3.6 रिएक्टर अंकले बा।

बैतूल में आइल रहे भूकंप

एकरा पहिले 11 जून के प्रदेश के बैतूल जिला में भूकंप आइल रहे। ताप्ती नदी के किनारे कंपन महसूस कइल गइल रहे। कुछ घरन के देवालन में दरार आवे तक के बात सामने आइल रहे।

Tags :
3.6 Scale EarthquakeBhojpuri NewsEarthquakeEarthquake in Khandwa
Advertisement
Next Article