For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Earthquake: पंजाब के बाद पश्चिम बंगाल आ असम में आइल भूकंप, बांग्लादेश ले महसूस भइल झटका

01:14 PM Nov 08, 2023 IST | Minee Upadhyay
earthquake  पंजाब के बाद पश्चिम बंगाल आ असम में आइल भूकंप  बांग्लादेश ले महसूस भइल झटका
Advertisement

Advertisement

पश्चिम बंगाल आ असम में 3.6 तीव्रता के भूकंप : पंजाब के बाद बुधवार के पश्चिम बंगाल आ असम में भूकंप आइल। बंगाल में भूकंप के तीव्रता जहां 3.6 रहे, उहें असम में 4.1 तीव्रता के भूकंप आईल। अबहीं ले कवनो तरह के जानमाल भा नुकसान के खबर नइखे।लोग के सचेत कs दिहल गईल बा।

नेशनल सेंटर फॉर सीस्मोलॉजी (NCS) के मुताबिक बंगाल में सबेरे 10:51 बजे धरती हिल गईल। भूकंप के केन्द्र अलीपुरद्वार रहे। एकर गहराई 14 किमी नापल गईल। साथ ही असम में भूकंप के केन्द्र हैलाकांडी रहे। एकर गहराई 38 किमी रहे। गुवाहाटी, त्रिपुरा अवुरी बांग्लादेश में भूकंप के झटका महसूस भईल। एनसीएस भारत सरकार के एगो नोडल एजेंसी ह जवन भूकंपीय गतिविधि के 24/7 निगरानी करेले। एकरा खातिर 155 स्टेशन के नेटवर्क बनावल गईल बा।

Tags :
Advertisement