टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Easy recipe: सफेद मक्खन घरे कइसे बनाई, जानीं आसान तरीका

11:08 AM Dec 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
सफेद मक्खन
Advertisement

जाड़ा में गरम पराठा पs सफेद मक्खन खइला के मजा ही कुछ अलगे हs। पहिले गाँव में माई दही दूध से सफेद मक्खन तैयार  करत रहली।  मथुरा वृन्दावन में कान्हा के चढ़ावे खातिर सफेद मक्खन मिलेला। कई गो होटल आ ढाबा में पराठा सफेद मक्खन के साथे परोसल जाला।  सफेद मक्खन के संगे बाजरा अवुरी मक्का के रोटी खईला से एकर स्वाद कई गुना बढ़ जाला। अगर रउरा चाहत बानी तs घर में सफेद मक्खन तैयार कs सकेनी।  ताजा मलाई से बिल्कुल सफेद मक्खन निकालल जा सकेला। मलाई से मक्खन बनावे के तरीका जानत बानी?

Advertisement

मलाई से सफेद मक्खन कइसे निकाली?
अगर रउआ चाहत बानी तs मक्खन निकाले खातिर मात्र 1 दिन पुरान मलाई के इस्तेमाल कs सकेनी। आ फेर मलाई के फ्रिज में 2-3 दिन ले स्टोर कs लीं। 1 कटोरी मक्खन बनावे खातिर 1 कटोरी से तनिका जादा मलाई के जरूरत पड़ी।

हम रउआ के दू तरीका से बतावत बानी कि मक्खन कइसे निकालल जाला.एगो मलाई में दही के जामन लगाए के बाद ओके चलाके मक्खन निकालल जाला। जइसे गाँव में मक्खन के पारम्परिक तरीका से निकालल जाला। दूसरका तरीका बिना दही डालले मलाई के सीधा चला के मक्खन निकालल जा सकता।

अगर रउरा सीधे मलाई से मक्खन निकालल चाहत बानी तs मलाई के मिक्सर में डाल के चलावत रहीं.  अपना मुताबिक आधा कप पानी डाल दीं। एहसे मिक्सर में मलाई के मिलावल  आसान हो जाई। अब मलाई के तब तक चलावत रही जब ले कि मक्खन अवुरी पानी अलग ना होखे।  मिक्सर के लगभग 5-10 मिनट ले चलावे के बाद ही मक्खन निकली।

अब एगो अउरी तरीका बा कि मलाई में 1-2 कप गरम दूध डालल जाव।  दूध अवुरी मलाई के तापमान अयीसन होखे के चाही कि हाथ में तनी गर्मी महसूस होखे।  अब ओकरा में 2 चम्मच दही डाल के सेट होखे खातिर गरम जगह पs ढंक के राखी।  सबेरे ले मलाई आ दूध दही निहन ठोस हो जाई।

अब मक्खन के मिक्सर में डाल के भा मथनी से  निकाल लीं।  एह तरह से भी मक्खन मिक्सर में आसानी से निकल जाई।  मथले से मक्खन बहुत देर बाद निकलेला आ ओकरा के हिलावत घरी हाथ तक दर्द होखे लागेला।  अगर रउरा लागत बा कि मक्खन नइखे निकलत तs बहुते ठंडा पानी डाल दीं.

अब चम्मच से मक्खन निकाल के कटोरी में रख दीं।  मक्खन में आधा कप पानी डाल के 1-2 बार धो लीं।  अब मक्खन में कुछ नमक मिला लीं।  एह से स्वाद अउरी बढ़िया हो जाई।  अगर रउरा चाहत बानी तs बिना नमक के मक्खन के भी इस्तेमाल कs सकेनी।

इहो पढ़ीं: Makar Sankranti 2025: नया साल में कब हs मकर संक्रांति, जानीं एs दिन स्नान-दान के शुभ मुहूर्त

Tags :
easy recipeFeaturesLifestyleRecipe
Advertisement
Next Article