टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सबेरे-सबेरे: दिनभर रहे के बा एनर्जी से भरपूर तs सबेरे के नाश्ता में खाई इs चीज़, बॉडी रही पूरा दिन एक्टिव

08:16 AM Apr 30, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

 

सबेरे के नाश्ता शरीर खातिर बहुत जरूरी बा। दिन के पहिला खाना भा नाश्ता स्वस्थ होखे के चाहीं काहे कि ओह घरी हमनी के पेट खाली रहेला. सबेरे उठला के बाद सबसे पहिले पानी भरपूर पीये के चाही। हमनी के सबेरे जवन भी खाईं जा उs पोषण से भरल होखे के चाही। दिन के सुरुआत कुछ भारी खाए के बजाय हल्का खाना से करे के चाही। अगर आप सबेरे उठला के बाद एs खाद्य पदार्थ के अपना आहार में शामिल करीं तs आप दिन भर स्वस्थ अवुरी ऊर्जा से भरल रहब।

बादाम खाईं : सबेरे-सबेरे भिगोवल बादाम खईला से स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदेमंद होखेला। बादाम के रात भर भिगोवे से एकर पोषण अवुरी बढ़ जाला। सबेरे-सबेरे बादाम खइला से भी भूख कम हो जाला।

खजूर खाईं : अगर रउआ दिन के सुरुआत ऊर्जा से करे के बा तs खजूर के अपना आहार में शामिल करीं खजूर में बहुत पोषक तत्व होखेला अवुरी एकरा से बहुत बेमारी भी ठीक होखेला। खजूर में भरपूर मात्रा में फाइबर होखेला जवन कि पाचन तंत्र के मजबूत करेला एकरा अलावे खजूर में कब्ज अवुरी अपच के समस्या भी दूर होखेला।

चिया बीज : छोट देखाई देवे वाला चिया बीज बहुत स्वस्थ होखेला। इनहन में प्रोटीन भरपूर मात्रा में होला काहें से कि एह में सभ जरूरी अमीनो एसिड होला। चिया के बीज शरीर खातिर जरूरी फैटी एसिड, मैग्नीशियम, आयरन अवुरी विटामिन बी से भरपूर होखेला। एक चम्मच चिया के बीज के रात भर पानी में भिगो के सबेरे खा लीं। एकरा के स्मूदी, ताजा फल आ नाश्ता में मिला के भी खाइल जा सके ला।

पपीता भी फायदेमंद होला: सबेरे खाली पेट पपीता खाइल बहुत बढ़िया होला। पपीता में सफाई के गुण होखेला अवुरी पेट के साफ करे में मदद करेला। पपीता त्वचा खातिर भी बहुत बढ़िया मानल जाला। पपीता खइला के बाद कम से कम एक घंटा ले कवनो चीज़ खाए से परहेज करीं। खाली पेट पपीता खइला से भी खराब कोलेस्ट्रॉल के समस्या दूर हो जाला।

 

 

Tags :
breakfastHealthHealth and Fitnesslife stylelife style in bhojapuri
Advertisement
Next Article