For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

खाना के एह चीज़न में छिपल बा आंख के रोशनी, डाइट में शामिल करीं बाज के जईसन तेज हो जाई नज़र

12:26 PM Aug 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
खाना के एह चीज़न में छिपल बा आंख के रोशनी  डाइट में शामिल करीं बाज के जईसन तेज हो जाई नज़र
Advertisement

Advertisement

अगर आपके आंख धुंधला हो गईल बा तs इs कमजोर आंख के लक्षण हs। इलेक्ट्रॉनिक गैजेट के लगातार इस्तेमाल, ऑनलाइन पढ़ाई अवुरी कंप्यूटर पs बईठ के घंटों काम कईला के चलते बड़ अवुरी छोट बच्चा दुनो के आंख कमजोर होखता। डब्ल्यूएचओ के एगो रिपोर्ट के मुताबिक, स्क्रीन टाइम बढ़ला के चलते बच्चा 50 प्रतिशत कम पलक झपकावत बारे, जबकि सामान्य तौर पs बच्चा के एक मिनट में 18 से 22 बेर पलक झपकावे के चाही। मतलब कि आजकल हमनी के खराब जीवनशैली अवुरी खानपान के आदत से आंख के बेमारी हो रहल बा। आँख कमजोर ना होखे एकरा खातीर आपके आहार में विटामिन एs से भरपूर समान के सेवन करे के चाही। जानीं कवन-कवन चीज़ के सेवन से आंख के रोशनी में सुधार होई।

आंख के रौशनी खातीर एह चीजन के करीं सेवन

बादाम के सेवन : बादाम में शक्तिशाली एंटीऑक्सीडेंट विटामिन ई के मात्रा जादा होखेला, जवन कि आंख के कोशिका के हानिकारक फ्री रेडिकल के चलते होखेवाला नुकसान से बचावे में मदद करेला।

किशमिश के सेवन : किशमिश भा सूखल अंगूर में पॉलीफेनोल अवुरी एंटीऑक्सीडेंट होखेला जवन कि आंख के ऑक्सीडेटिव नुकसान से बचावे में मदद करेला। विटामिन ए से भरपूर इs मीठ सूखा फल ना खाली खाए में स्वादिष्ट होखेला बालुक आंख के स्वास्थ्य में भी सुधार करेला।

अंजीर खाईं : अंजीर में विटामिन ए, सी, ई अवुरी एंटीऑक्सीडेंट भी भरपूर मात्रा में होखेला जवन कि आंख के कार्यप्रणाली के बनावे राखे में मदद करेला अवुरी आंख के कोशिका के फ्री रेडिकल के चलते होखेवाला नुकसान से बचावेला।

आंवला के जूस पीं : रोज ताजा आंवला के रस पियला से आंख के ऊतक के जीवंत करे में मदद मिल सकता अवुरी दृष्टि में सुधार हो सकता। आप चटनी, अचार अवुरी सूखा फल के रूप में आंवला के सेवन कs सकतानी एकरा अलावे आप अपना आहार में पालक, ब्रोकोली, शकरकंद अवुरी स्ट्रॉबेरी के सेवन कs सकतानी।

Tags :
Advertisement