टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

फर्जी आयुष्मान कार्ड मामला में ED के एक्शन, दिल्ली से हिमाचल ले छापेमारी, कांग्रेस MLA के घर के तलाशी

01:08 PM Jul 31, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

आयुष्मान भारत कार्ड में धोखाधड़ी के लेके ईडी दिल्ली पंजाब समेत 19 जगह पs छापामारी कइले बिया। एह मामला में हिमाचल प्रदेश में कांग्रेस के दुगो नेता के नाम सोझा आइल बा। कांग्रेस विधायक आरएस बाली के घरन पऽ तलाशी अभियान चल रहल बा। संगही, डेहरा से टिकट मंगले रहले राजेश शर्मा के अस्पताल में तलाशी जारी बा।

Advertisement

आयुषमान भारत प्रधानमंत्री जन आरोग्य योजना के फर्जी आईडी कार्ड बनावे के मामला में प्रवर्तन निदेशालय बड़हन कार्रवाई कइले बा। ईडी 19 जगहा पs छापा मार दिहले बा। योजना के उल्लंघन के इस्थिति में ईडी दिल्ली, चंडीगढ़, पंजाब, हिमाचल प्रदेश के कांगड़ा, उना, शिमला, मंडी, कुल्लू के 19 स्थान पs तलाशी ले रहल बा।

बांके बिहारी अस्पताल, फोर्टिस अस्पताल समेत कई गो अस्पतालन में अइसन फर्जी कार्ड पs बहुते मेडिकल बिल बनावल गइल बा जवना से सरकारी खजाना आ लोग के नुकसान होखत बा। हिमाचल प्रदेश के दू गो कांग्रेसी नेता के नांव से सामने आइल बा

आरएस बाली आ राजेश शर्मा के नाम सामने आइल

हिमाचल प्रदेश के नग्रोटा से कांग्रेस विधायक, हिमाचल प्रदेश पर्यटन विकास निगम के अध्यक्ष आ हिमाचल प्रदेश पर्यटन विकास बोर्ड आरएस बाली के उपाध्यक्ष के नाम सामने आइल बा। एकरा संगे-संगे एह धोखाधड़ी में श्री बालाजी अस्पताल कांगड़ा आ कांग्रेस नेता डॉ. राजेश शर्मा के नाम भी सामने आइल बा।

एह लोग के परिसरो के तलाशी लिहल जाता। कांग्रेस विधायक आरएस बाली से जुड़ल परिसर आ निजी अस्पताल पs छापामारी कइल गइल बा। कांग्रेस नेता डॉ. राजेश शर्मा के हालही में देहरा से टिकट ना दिहल गइल।

बुध के सबेरे ईडी कांगड़ा शहर के तीन गो निजी अस्पतालन पs छापा मार दिहलस। एह दौरान अस्पतालन के रिकार्ड के जाँच कइल गइल। ईडी के छापामारी से हलचल मच गईल बा। बतावल जाता कि बहुत नेता ईडी के रडार पs बाड़े, जवना के चलते ईडी लगातार हिमाचल में छापामारी करऽ तिया।

Tags :
big breaking newsEd Raidkhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsLaw and Order
Advertisement
Next Article