टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

भ्रष्टाचार के खिलाफ डबल एक्शन, कर्नाटक में ED आ लोकायुक्त दुनु के बड़ रेड जारी

12:08 PM Jul 11, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

प्रवर्तन निदेशालय यानी ईडी कर्नाटक में बड़हन छापामारी कइले बा। जानकारी के मुताबिक ईडी के इs छापामारी पछिला बुध से चलता, जवना में पूर्व विधायक अवुरी मंत्री के स्थान पs भी कार्रवाई होखता। ईडी मनी लांड्रिंग के मामिला के जांच के सिलसिला में इs छापामारी कईले बिया। एकरा संगे खास बात इs बा कि कर्नाटक में एs समय लोकायुक्त के ओर से अलग-अलग जिला में छापामारी चलता।

पूरा बात का बा?

दरअसल कर्नाटक महर्षि वाल्मीकि अनुसूचित जनजाति विकास निगम (कर्नाटक सरकार) के एसबी खाता अवुरी एसओडी खाता से धन के अवैध हस्तांतरण के आरोप सोझा आईल बा। जानकारी के मुताबिक करीब 89.63 करोड़ रुपया के ट्रांसफर के आरोप बा। एही सिलसिला में प्रवर्तन निदेशालय के टीम छापामारी कईले बिया।

सीबीआई मामिला दर्ज करवले रहे

कर्नाटक महर्षि वाल्मीकि अनुसूचित जनजाति विकास निगम के खाता बेंगलुरु के एमजी रोड स्थित यूनियन बैंक में रहे। एह साल 6 मई के खाता से जुड़ल धोखाधड़ी के खुलासा भईल रहे। 3 जून के सीबीआई यूनियन बैंक के शिकायत पs बैंक के अधिकारी अवुरी बाकी लोग के खिलाफ भ्रष्टाचार अवुरी धोखाधड़ी के मामिला दर्ज कईले रहे। अब ईडी एह मामिला में मनी लांड्रिंग के जाँच करत बा.

लोकायुक्त छापा भी जारी 

दूसर ओर कर्नाटक के विभिन्न जिला में भी लोकायुक्त के छापामारी चल रहल बा। जानकारी के मुताबिक एजन्सी में दर्ज 11 मामिला के सिलसिला में कर्नाटक के मांड्या, कोलार, बेलगावी, मैसूर अवुरी हसन समेत 9 जिला में लोकायुक्त छापामारी चलता।

 

 

 

Tags :
Ed RaidKarnatakaLokayukta
Advertisement
Next Article