टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

12 के मउत के बाद बदले जा रहल बिया पुलिस कांस्टेबल भरती से जुड़ल इs नियम

01:14 PM Sep 05, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

सरकारी नौकरी के तैयारी करेवाला उम्मीदवार दिन-रात मेहनत कs ​​के नौकरी पावेले। एह दौरान ऊ लोग आपन खाना-पीना आ आराम छोड़ देला, जेहसे कि तइयारी खातिर अधिका समय मिल जाव. बाकीर बहाली के दौरान कुछ लोग बेहोश हो जाला, जवना के चलते कुछ लोग के जान चल जाला। झारखंड पुलिस के सिपाही बहाली के दौड़ में भी अयीसने मामला देखाई देलस। एहिजा 12 गो उम्मीदवार के जान चल गइल. एकरा बाद सरकार जाग गईल बिया। एह दुखद घटना के बाद सीएम हेमंत सोरेन 3 सितंबर से 5 सितंबर ले बहाली प्रक्रिया पs रोक लगा देले बाड़े।

बता दीं, सिपाही बहाली खातिर उम्मीदवारन के 60 मिनट में 10 किलोमीटर दौड़े के पड़ेला। अयीसना में हेमंत सरकार एs दौड़ के प्रक्रिया में बदलाव करे के फैसला कईले बाड़े। सरकार अब बहाली में दूरी अवुरी समय दुनो कम करे वाली बिया। एकरा खातीर पुलिस विभाग भी सरकार के सोझा दु विकल्प पेश कईले बा।

‘टाइम्स ऑफ इंडिया’ में छपल खबर के मुताबिक पुलिस विभाग अब सिपाही बहाली खातीर 5-6 मिनट में 1.6 किलोमीटर चाहे 25 मिनट में 5 किलोमीटर दौड़े के नियम बनावे वाला बा, मने अब उम्मीदवार के ना करे के पड़ी 10 किलोमीटर दौड़। झारखंड पुलिस के डीआईजी रैंक के अधिकारी बतवले कि सरकार दुनो पs गंभीरता से विचार करतिया.

इs नियम कब से लागू होई?

उल्लेखनीय बा कि झारखंड में चलत सिपाही बहाली के लगभग 80 प्रतिशत प्रक्रिया पूरा हो चुकल बा। अइसना में ई बदलाव आवे वाला बहाली में लागू हो जाई. एकरा से साफ बा कि सिपाही बहाली के बाकी 20 प्रतिशत प्रक्रिया खाली पुरान मानक पs होई।

 

 

 

 

Tags :
Constable ExamEducationjharkhandjharkhand newspoliceRules related to police constable recruitment
Advertisement
Next Article