टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

शिक्षा विभाग के ऑफिशियल X अकाउंट हैक: हैकर्स नाम आ फोटो बदलले सs, 2019 में भइल रहे हैकिंग

09:54 AM May 15, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

बिहार के साइबर अपराधी बड़ कारनामा के अंजाम देले बाड़ें सs। ऊ शिक्षा विभाग के ऑफिशियल X अकाउंट के हैक कs लेले बाड़ें। हैकर्स अकाउंट के नाम बदलके ether fi कs देले बाड़ें सs। संगही कवर इमेज आ प्रोफाइल इमेज के बदल डलले बा।। मिलल सूचना के मोताबिक अकाउंट हैकिंग के एह ममिला के आइटी प्रबंधक देख रहल बा। हैकरन के पहचान कइला जा रहल बा।

Advertisement

का हs ether.fi

ether.fi एगो प्रकार के डिजिटल क्रिप्टोकरेंसी हs, जवन पियर टू पियर लेन देन, माइनिंग आ आउर अन्य तकनीकी खूबियन के प्रयोग कs के बनल बा। ether.fi के पहिले से एगो वेरिफाइड X अकाउंट हs। जवना के 134 K लोग फॉलो कs के रखले बा।

2019 में हैकिंग भइल रहे

एकरा पहिले 2019 में साइबर अपराधी शिक्षा विभाग के वेबसाइट के हैक कs के आपत्तिजनक बात लिखले रहलें सs। वेबसाइट खोले पs Love You Pakistan' लिखल मिलल रहे। वेबसाइट पs शिक्षा विभाग से जुड़ल संबंधित जानकारी गायब रहे। हालांकि, तब सांझ ले वेबसाइट के ठीक कs लिहल गइल रहे।

Tags :
Bhojpuri NewsBihar Education Departmentbihar newsEducation DepartmentX Account Hacked
Advertisement
Next Article