टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बिहार दुर्घटना के असर! यूपी में 75 जर्जर पुल तुड़ल जाई, सीएम योगी आदित्यनाथ के निर्देश पs पीडब्ल्यूडी जांच पूरा कs लेलस

11:08 AM Jul 31, 2024 IST | Khabar Editor
Lucknow, May 24 (ANI): Uttar Pradesh Chief Minister Yogi Adityanath addresses during the inauguration of the Krishak registration app for various services, at Lok Bhawan, in Lucknow on Wednesday. (ANI Photo)
Advertisement

यूपी न्यूज : बिहार दुर्घटना से सबक लेत उत्तर प्रदेश के 75 जर्जर पुल गिरा दिहल जाई। हाल ही में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ राज्य के 50 साल से अधिका पुरान पुल के निरीक्षण करे के आदेश देले रहले।

Advertisement

हाइलाइट 

बिहार के पुल दुर्घटना से सबक लेके मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ राज्य के 721 पुल के जांच करे के निर्देश देले रहले। एकरा बाद लोक निर्माण विभाग सब पुल के जाँच कइला के बाद 75 जर्जर पुल के पहचान कइले बा, जवना के 50 साल पूरा हो चुकल बा आ ओकरा के गिरा दिहल जाई। लोक निर्माण विभाग अगिला हफ्ता नया पुल बनावे आ मरम्मत के अनुमान सरकार के भेज दी ।

पीडब्ल्यूडी के ओर से चिन्हित पुल में कानपुर इलाका के 10, सहारनपुर में 6, उन्नाव में 4, मैनपुरी, अमेठी, गाजीपुर, सोनभद्र अवुरी सीतापुर में 3-3 पुल जर्जर बा। ⁠लखनऊ, जालौन, हरदोई, प्रयागराज, आजमगढ़ आ खेरी में दू-दू गो पुल जर्जर हालत में मिलल बा । ⁠नया पुल बनावे आ पुरान पुल के मरम्मत के अनुमान तइयार कइल जा रहल बा । फिलहाल नागरिक के सुरक्षा के ध्यान में राखत ई पुल बंद कs दिहल जाई।

दरअसल, हाल ही में बिहार में बहुत पुल एक के बाद एक ढह गइल रहे। एकरा बाद एहतियात के तौर पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ राज्य में 50 साल पूरा होखे वाला सब पुल के निरीक्षण करे के आदेश देले रहले। एकरा बाद पीडब्ल्यूडी के मुख्य अभियंता स्तर के अधिकारी राज्य भर के 721 पुल के निरीक्षण पूरा कs लेले बाड़े। एहमें से 75 गो पुल मिलल बा जवन या तs पूरा तरह से जर्जर हो गइल बा भा मरम्मत के जरूरत बा । अब विभाग नया पुल के निर्माण आ मरम्मत के अनुमान तइयार कs के सरकार के भेज दी ।

Tags :
action mode of up governmentBhojpuri khabarBihar accidentBihar Bridge CollapseBihar Bridge Collapse : The country's largest bridge under construction under the Bharatmala project collapsedKhabar Bhojpur NewsKhabar Bhojpuri Newsup bridgeup government
Advertisement
Next Article