For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Ekadashi 2024 July: जुलाई में कब बा योगिनी एकादशी आ देवशयनी एकादशी, अभी नोट करीं सुभ मुहूर्त

01:25 PM Jun 22, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ekadashi 2024 july  जुलाई में कब बा योगिनी एकादशी आ देवशयनी एकादशी  अभी नोट करीं सुभ मुहूर्त
Advertisement

Yogini Ekadashi 2024, Devshayani Ekadashi 2024: सनातन धर्म में एकादशी तिथि के बेहद सुभ मानल गइल बा। हर महीना में दु बेर एकादशी व्रत कइल जाला। एगो कृष्ण आ दूसरका शुक्ल पक्ष में। धार्मिक मान्यता बा कि एकादशी तिथि पs जगत के पालनहार भगवान विष्णु आ मां लक्ष्मी के विशेष पूजा करे से जातक के सुभ फल के प्राप्ति होला। संगही सब मुराद पूरी होला। जुलाई के महीना में योगिनी एकादशी आ देवशयनी एकादशी पड़ी।

Advertisement

योगिनी एकादशी 2024 डेट आ शुभ मुहूर्त (Yogini Ekadashi 2024 Date and Shubh Muhurat)

पंचांग के अनुसार, आषाढ़ माह के कृष्ण पक्ष के एकादशी तिथि के सुरुआत एक जुलाई के सबेरे 10 बजके 26 मिनट पs सुरू होई। ओहिजा, एकर समापन दु जुलाई के सबेरे आठ बजके 42 मिनट पs होई। अइसन में दु जुलाई के योगिनी एकादशी व्रत कइल जाई।

देवशयनी एकादशी 2024 डेट आ शुभ मुहूर्त (Devshayani Ekadashi 2024 Date and Shubh Muhurat)

पंचांग के अनुसार, आषाढ़ माह के शुक्ल पक्ष के एकादशी तिथि 16 जुलाई के रात आठ बजके 33 मिनट से सुरू होगी। ओहिजा, एकर समापन 17 जुलाई के रात के नव बजकर दु मिनट पs होई। सनातन धर्म में उदया तिथि के जादे महत्व बा। अइसन में 17 जुलाई के देवशयनी एकादशी व्रत रखल जाई।

पूजा के दौरान एह मंत्रन के करीं जप

विष्णु गायत्री मंत्र

ॐ श्री विष्णवे च विद्महे वासुदेवाय धीमहि। तन्नो विष्णुः प्रचोदयात्॥

विष्णु मंगल मंत्र

मङ्गलम् भगवान विष्णुः, मङ्गलम् गरुणध्वजः। मङ्गलम् पुण्डरी काक्षः, मङ्गलाय तनो हरिः॥

Tags :
Advertisement