For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Ekadashi In November 2023: एह सुभ दिन पड़ रहल बा रमा एकादशी, जानीं समय-पूजा विधि आ महत्व

10:57 AM Nov 03, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
ekadashi in november 2023  एह सुभ दिन पड़ रहल बा रमा एकादशी  जानीं समय पूजा विधि आ महत्व
Advertisement

Ekadashi In November 2023: सनातन धरम में एकादशी के बहुते धार्मिक महत्व बा। ई सुभ दिन भगवान विष्णु के समर्पित बा। साधक एह दिन श्री हरि विष्णु खातिर व्रत रखेला लो आ उनका से सुख शांति के आसिरबाद मांगेला लो। एकादशी व्रत सूर्योदय से सुरू होला आ अगिला दिन द्वादशी तिथि के समाप्त होला । जे लोग एकादशी के दिन भगवान विष्णु के पूजा करेला ओकर सभी दुखन के अंत होला। अइसन में हर केहू के ई व्रत विधि अनुसार करे के चाहीं।

Advertisement

रमा एकादशी के सुभ समय

  • रमा एकादशी सुरू - 8 नवंबर 08:20 से
  • रमा एकादशी समापन - 9 नवंबर सबेरे 10:41 तक।
  • रमा एकादशी पारण के समय - 10 नवंबर सबेरे 05:52 बजे से सबेरे 08:07 बजे तक।

रमा एकादशी व्रत के महत्व

सनातन धरम में रमा एकादशी के व्रत बहुते खास मानल गइल बा। लोग एह दिन के भक्ति आ समर्पण के संगे मनावेला। ई व्रत सब वैष्णवन के ओर से कइल जाला आ ऊ भगवान विष्णु ले आशीर्वाद मांगेला लो।

साल में कुल 24 गो एकादशी मनावल जाला आ अइसन मानल जाला कि जवन भक्त एह सुभ दिन पs उपवास रखेला लो, ऊ पिछला जन्म के बुरा कर्मन से मुक्त हो जाला लो आ मृत्यु के बाद वैकुंठ धाम में स्थान प्राप्त करेला लो।

रमा एकादशी व्रत पूजा विधि

  • ब्रह्ममुहूर्त में उठके पवित्र नहान करीं।
  • घर आ मंदिर के साफ करीं।
  • कवनो चउकी पs भगवान विष्णु के प्रतिमा स्थापित करीं।
  • दीया जराई, पियर चंदन आ हल्दी कुमकुम से तिलक करीं, घर में बनल मिठाई आ तुलसी पत्र चढ़ाई।
  • सांझ के विधि अनुसार पूजा करीं, विष्णु सहस्त्रनाम के पाठ करीं।
  • व्रत कथा पढ़ी आ अंत में आरती करीं।
  • सात्विक भोजन से अपना व्रत के पारण करीं।
  • व्रत के अगिला द्वादशी तिथि के पारण के समय खोलल जाई।
Tags :
Advertisement