For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Election 2024: अबकी कम मतदान लो बढ़वलस टेंशन; मथुरा में 49.49 फीसद वोटिंग, नौ गांव कइलस बहिष्कार, 11 प्रतिशत मतदान घटल

08:29 AM Apr 27, 2024 IST | Sonu Kishor
election 2024  अबकी कम मतदान लो बढ़वलस टेंशन  मथुरा में 49 49 फीसद वोटिंग  नौ गांव कइलस बहिष्कार  11 प्रतिशत मतदान घटल
Advertisement

Lok Sabha Election Mathura Seat News 17 गांव में मतदान के बहिष्कार नौ गांवों में अधिकारियन के मनाहु पर लोग ना मानल। राया के भरऊ गढ़ नगला चेता भरऊ लठोंगरा गणपति नगला गोवर्धन के मुखराई व कोन्हई मांट क्षेत्र के गांव इरौली जुन्नारदार मांट विस क्षेत्र के आ सौंख क्षेत्र के बंडपुरा के ग्रामीण लोग वोट ना डालल। इहाँ कुछ गांवों में खाली प्रधान आ उनकर स्वजन लोग वोट डालल।

Advertisement

मथुरा। 18वीं लोकसभा खातिर दूसरका चरण में कड़ी सुरक्षा के बीच शुक के मथुरा में शांतिपूर्ण तरीका से मतदान भइल। भोरे सात बजे से सांझ छव बजे ले भइल मतदान में 49.49 फीसद मतदाता लो आपन मताधिकार के प्रयोग कइलस।

2019 में भइल लोकसभा चुनाव में 61 फीसद मतदान भइल रहे। बाकिर अबकी बेर करीब 11 फीसद मतदान कम भइल। कुछ जगही पऽ ईवीएम खराब भइल, एकरा से कुछ देर मतदान में दिक्क्त आइल। 17 गांवों में विकास के लेकर मतदान के बहिष्कार ग्रामीण लो कर देलस। नौ गांवों के लोग अधिकारियन आ नेता लो के समझवला बादो ना मानल।

भोर तनि उत्साह रहे....

भोरही से मतदान के प्रति उत्साह दिखाई देलस। सात बजे से मतदान शुरू होखे वाला रहे, बाकिर कई बूथन पऽ ओकरा से पहिलहीं मतदाता पहुंच गइले। आज सुरूजो मतदाता लो के काड़ा परीक्षा लेले। 42 डिग्री तापमान में घर से निकलल मुश्किल भइल तऽ दोपहर में बूथन पs सन्नाटा पसर गइल। अपराह्न तीन बजे के बाद फेर बूथन पs भीड़ बढ़ल, बाकिर सांझ पांच बजे अचानक मौसम बदल गइल।

आंधी चलल तऽ रुक गइल मतदाता लो के कदम

कई क्षेत्रन में आंधी चलल तऽ मतदाता लो के कदम रुक गइल। इहे कारण रहल कि सांझ छव बजे ले खाली 49.49 फीसद मतदाने हो सकल। भोरे सात बजे से नौ बजे ले 11.83 फीसद मतदान हो सकल। हालांकि अगिला दू घंटा में मतदान फीसद बढ़ल आ भोटे 11 बजे ले 23.19 फीसद मतदाता लो आपन मताधिकार के प्रयोग कइलस।

शुक के जिला में 28.03 फीसद पुरुष लो वोट डालल। जबकि 21.44 फीसद महिला लो मतदान कइलस। पहिला बेर वोट डाले वाला युवा आ महिला लो में आउर मतदाता के मुकाबले अधिक उत्साह लउकल।

एह प्रत्याशियन के बीच बा मुकाबला

इहाँ फिल्म अभिनेत्री आ दो बार के सांसद भाजपा प्रत्याशी हेमा मालिनी, बसपा प्रत्याशी पूर्व आइआरएस अधिकारी सुरेश सिंह आ धनगर आंदोलन से जुड़ल कांग्रेस प्रत्याशी मुकेश धनगर के बीचे मुख्य मुकाबला बा। हेमा मालिनी तीसरका बेर चुनाव मैदान में उतरली, तऽ सुरेश सिंह आ मुकेश धनगर पहिला बेर चुनाव लड़ल। भाजपा रालोद से गठबंधन के कारण मजबूत देखाई देलस, तऽ कांग्रेस सपा के साथे मुस्लिम मत में सेंधमारी कइलस। बसपा के हाथी मैदान में अकेले उतरल। जाट प्रत्याशी होखे के कारण जाट स मुस्लिम मत में खूब सेंधमारी कइलस

पिछिलका तीन चुनावों में मिलल मत (फीसद में)

लोकसभा क्षेत्र-वर्ष 2014-वर्ष 2019-वर्ष 2024

मथुरा- 64.10 -61-49.49

बहिष्कार कऽ के रोकल गइल मतदान के गाड़ी

जिला में शुक के 17 गांव में ग्रामीण लो विकास कार्य ना होखे पऽ मतदान के बहिष्कार के निर्णय लेलस। एमें मतदान ना होखे के सूचना पs जनप्रतिनिधि आ अधिकारी दउडल। कुछ गांवों में ग्रामीण विकास करावे के आश्वासन पs लोग मान गइल, बाकिर नौ गांव में मतदान ना भइल।

Tags :
Advertisement