टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

चुनाव आयोग के राजनीतिक दलन के संगे भइल  बैठक : लोकसभा के लेके लिहल गइल सुझाव, ललन सिंह कहलें- 3 चरण में चुनाव कराने के बा मांग

01:19 PM Feb 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

लोकसभा चुनाव के लेके निर्वाचन आयोग तइयारी सुरू कs देले बा। राष्ट्रीय निर्वाचन आयोग के टीम पटना पहुंचल बिया। राजधानी के एगो होटल में चुनाव आयोग सब 11 सदस्य दलन के प्रतिनिधियन के संगे बैठक कइलस।

Advertisement

चुनाव के लेके निर्वाचन आयोग के सोझा सब लोग आपन सुझाव रखल। सब राजनीतिक दलन से विचार कइला के बाद निर्वाचन आयोग लोकसभा चुनाव के लेके जलदिए फैसला ले सकत बिया। एकर जानकारी बुध के चुनाव आयोग के ओर से प्रेस कॉन्फ्रेंस में दिहल जाई।

3 चरण में चुनाव के दिहल लो सुझाव

बैठक से निकलत जदयू से प्रतिनिधि सांसद ललन सिंह कहलें कि तीन चरण में अबकी बेर चुनाव करावे के जदयू मांग कइले बिया। ललन सिंह कहलें की हमनी के तीन गो सुझाव चुनाव आयोग के देले बानी सs। गरमी के मौसम आ रहल बा, एहिसे उम्मीदवार आ नेता लोगन के दिक्कत होत बा। एहिसे मुख्य रूप से चुनाव आयोग से मांग कइल गइल बा कि तीन चरण में चुनाव होखे।

बैलेट पेपर से करावल जाई चुनाव

चुनाव आयोग के बैठक से निकलल कांग्रेस के प्रतिनिधिमंडल के ब्रजेश प्रसाद मुन्ना कहलें कि अबकी बेर बैलट पेपर से चुनाव करावे के मांग कइल गइल बा। जदि बैलट पेपर से चुनाव नइखे होत, ईवीएम से रउआ चुनाव करावत बानी तs ईवी पैड से एगो पर्ची निकलेला। ओकरा के एगो अलग बक्सा में रखल जाव। फेर ओकरो गणना कइल जाव। ईवीएमो के गणना कइल जाव। दुनो के मिलान कइला के बादे चुनाव के परिणाम घोषित कइल जाव।

Tags :
Bhojpuri NewsBjpCongresselection commissionjduMeeting held for Loksabha ElectionPatna NewsRJdSuggestions Taken
Advertisement
Next Article