टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

आचार संहिता के बाद एक्शन में बा चुनाव आयोग,6 गो राज्यन के गृह सचिव हटवलस

07:50 AM Mar 19, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

लोकसभा चुनाव से पहिले चुनाव आयोग बड़ कार्रवाई कईले बा। देश भर में आचार संहिता लागू भइला के बाद चुनाव आयोग गुजरात, उत्तर प्रदेश, बिहार, झारखंड, हिमाचल प्रदेश आ उत्तराखंड के गृह सचिव के हटा दिहले बा। एतने ना चुनाव आयोग पश्चिम बंगाल के डीजीपी के भी हटा दिहले बा। चुनाव आयोग एs मामिला में एगो आदेश जारी कईले बा। आदेश के मुताबिक आयोग मिजोरम अवुरी हिमाचल प्रदेश के महाप्रशासनिक विभाग के सचिव के भी हटा देले बा। एतने ना, सूत्र बतवले कि चुनाव आयोग बीएमसी यानी बृहन्मुंबई महानगरपालिका के आयुक्त इकबाल सिंह चहल, अपर आयुक्त अवुरी उपायुक्त के हटावे के आदेश भी देले बा।

Advertisement

हालांकि चुनाव आयोग के अधिकारी के खिलाफ कार्रवाई के तुरंत कवनो कारण ना बतावल गईल, लेकिन सूत्र के कहनाम बा कि इs बदलाव समान प्रतिस्पर्धा सुनिश्चित करे अवुरी चुनाव प्रक्रिया के अखंडता के कायम राखे खातीर कईल गईल बा। चुनाव आयोग सगरी राज्य सरकारन के निर्देश दिहले बा कि चुनाव से जुड़ल काम से जुड़ल ओह अधिकारी के तबादला कs देव जे तीन साल पूरा कs लिहले बाड़े भा अपना गृह जिला में बाड़े। बता दीं कि देश के 543 लोकसभा सीट पs 19 अप्रैल से 1 जून के बीच सात चरण में मतदान होखे वाला बा। वोट के गिनती 4 जून के होई।

साभार- time tv

 

Tags :
biharCode Of Conductelection commissionGujaratHimachal PradeshjharkhandLok Sabha Electionspoliticsremoved home secretariesremoved home secretaries of 6 statesUttar PradeshUttarakhandआचार संहिताउत्तर प्रदेशउत्तराखंडगुजरातझारखंडबिहारराजनीतिलोकसभा चुनावहिमाचल प्रदेश
Advertisement
Next Article