टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Lok Sabha चुनाव नतीजा से पहिले इलेक्शन कमीशन के प्रेस कॉन्फ्रेंस, CEC राजीव कुमार काउंटिंग के लेके कहले अहम बात

01:52 PM Jun 03, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Election Commission चुनाव परिणाम से पहिले इलेक्शन कमीशन आज प्रेस कॉन्फ्रेंस कइलस। मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार कहले कि एह बेरी के चुनाव में मतदाता लो कई गो रिकॉर्ड कायम कइले बा। सीईसी कहले कि अबकी महिला लो बढ़ चढ़ के वोटिंग कइले बा। सीईसी राजीव कुमार कहले कि अबकी 31 करोड़ महिला लो वोटिंग कइले बा जवन पहिला बेर भइल बा।

Advertisement

चुनाव में बनल विश्व रिकॉर्ड

सीईसी कहले कि भारत लोकसभा चुनाव में 31 करोड़ 20 लाख महिला सहित 64 करोड़ 20 मतदाता लो भाग लेहे के साथे विश्व रिकॉर्ड बनवलस। ई आंकड़ा G7 देशन के मतदाता लो के 1.5 गुना आ यूरोपीय संघ के 27 देशन के मतदाता लो के 2.5 गुना बा।

अबकी कम पुनर्मतदान सुनिश्चित भइल

सीईसी कहले कि चुनाव कर्मियन के सावधानीपूर्वक काम के कारण अबकी कम पुनर्मतदान सुनिश्चित भइल। हमनी 2024 के लोकसभा चुनाव में 39 पुनर्मतदान देखनी, जबकि 2019 में 540 पुनर्मतदान भइल रहे आ 39 में से 25 पुनर्मतदान खाली 2 गो राज्यन में रहें।

लोकसभा चुनाव पs मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार कहले कि ई उऽ आम चुनाव में से एक बा, जवना मे हिंसा ना देखल गइल। एकरा खातिर दू साल के तैयारी के जरूरत रहे। सीईसी एही के साथे कहले कि हमनी काउंटिंगो खातिर पूरा तैयारी कऽ के रखले बानी।

Tags :
Chief Election Commissionelection commissionelection newsKhabar bhojpuriLoksabha ElectionsLoksabha Elections 2024
Advertisement
Next Article