टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

भाजपा राष्ट्रीय अध्यक्ष खातिर अब चुनाव जरूरी नइखे : पद खाली होखला पs पार्लियामेंट्री बोर्ड अध्यक्ष नियुक्त कs सकी, राष्ट्रीय अधिवेशन में प्रस्ताव पास

04:40 PM Feb 18, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

भाजपा में अब राष्ट्रीय अध्यक्ष के अब चुनाव जरूरी नइखे।  पद खाली होखला पs पार्लियामेंट्री बोर्ड अध्यक्ष के नियुक्ति कs सकी। भाजपा के राष्ट्रीय अधिवेशन में ई प्रस्ताव पास कइल गइल।

Advertisement

एह प्रस्ताव के पास होखला के बाद बीजेपी अध्यक्ष जेपी नड्‌डा के कार्यकाल जून 2024 तक बढ़ा दिहल गइल बा। जेपी नड्डा जून 2019 में पार्टी के कार्यकारी अध्यक्ष बनल रहस। एकरा बाद 20 जनवरी 2020 के पूर्णकालिक अध्यक्ष बनावल गइलें।

भाजपा में अध्यक्ष पद के चुनाव के प्रक्रिया का बा?

भारतीय जनता पार्टी (BJP) में अध्यक्ष पद के चुनाव खातिर पार्टी के संविधान में स्पष्ट निरदेस बा। पार्टी के संविधान के धारा-19 के तहत राष्ट्रीय अध्यक्ष के चुनाव के बेबस्था कइल गइल बा। धारा-19 के मोताबिक, पार्टी के अध्यक्ष के चुनाव एगो निर्वाचक मंडल कावर से कइल जाई। एमे राष्ट्रीय परिषद आ प्रदेश परिषदों के सदस्य होई लो। पार्टी के संविधान में कहल गइल बा कि ई चुनाव राष्ट्रीय कार्यकारिणी कावर से निर्धारित नियमन के मोताबिक कइल जाई।

अध्यक्ष चुनल जाये खातिर ई जरूरी बा कि व्यक्ति कम से कम 15 साल तक पार्टी के प्राथमिक सदस्य रहल होखे। धारा-19 के पेज में ई लिखल गइल बा कि निर्वाचक मंडल में से कुल 20 सदस्य राष्ट्रीय अध्यक्ष पद के चुनाव के योग्यता रखे वाला व्यक्ति के नाम के प्रस्ताव रखी लो। ई संयुक्त प्रस्ताव कम से कम 5 अइसन प्रदेशन से आइल जरूरी बा, जहां राष्ट्रीय परिषद के चुनाव संपन्न हो चुकल बा।

Tags :
Bharatiya Janata PartyBhojpuri NewsBjpBJP National PresidentNow Parliament Commitee will appoint bjp national president
Advertisement
Next Article