टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Elections 2024: महिला मतदाता पुरुष लोग के पीछे छोड़ दिहे, लोकसभा आ विधानसभा चुनाव में संख्या में तेजी से बढ़ोतरी होखता

09:35 AM Apr 18, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

चुनाव 2024 : रिपोर्ट के मुताबिक ए चुनाव में कुल मतदाता के संख्या 96.8 करोड़ बा। कुल 68 करोड़ लोग आपन मताधिकार के इस्तेमाल कर सकेला । एह में 33 करोड़ यानी 49 प्रतिशत महिला मतदाता होइहे।

Advertisement

केंद्र सरकार के कल्याणकारी योजना के बदौलत लोकसभा आ विधानसभा चुनाव में महिला मतदाता के संख्या में तेजी से बढ़ोतरी भइल बा। भारतीय स्टेट बैंक (एसबीआई) के शोध रिपोर्ट के मुताबिक, पछिला पांच साल में जहां 23 बड़ राज्य में चुनाव भइल बा, ओहि में से 18 राज्य में महिला मतदाता पुरुष के मुक़ाबले जादे वोट देली। एह 18 राज्यन में से 10 राज्यन में पहिले जइसन उहे सरकार वापस आ गइल । देश के राजनीति में गेम चेंजर साबित होखे वाली महिला मतदाता 2029 के चुनाव में पुरुष से जादे वोट दिहे। अपना मताधिकार के इस्तेमाल करे वाला कुल 73 करोड़ मतदाता में से महज 37 करोड़ महिला रहीहें ।

17वीं लोकसभा में कुल सांसद में से मात्र 15 प्रतिशत महिला रहली। पहिला लोकसभा में इ संख्या 5 प्रतिशत रहे। रिपोर्ट के मुताबिक ए चुनाव में कुल मतदाता के संख्या 96.8 करोड़ बा। कुल 68 करोड़ लोग आपन मताधिकार के इस्तेमाल कर सकेला । एह में 33 करोड़ यानी 49 प्रतिशत महिला मतदाता होइहे। पहिला बेर 85.3 लाख महिला वोट दिहे। रिपोर्ट के मुताबिक, 2047 (2049 में चुनाव के संभावना) तक महिला मतदाता के संख्या बढ़ के 55 प्रतिशत (50.6 करोड़) हो जाई जबकि पुरुष के संख्या घट के 45 प्रतिशत (41.4 करोड़) हो जाई। एह दौरान कुल 115 करोड़ मतदाता होखीहें । एहमें से 80 फीसदी लोग यानी 92 करोड़ लोग वोट दे सकेला।

बढ़ रहल बा महिला मतदाता के संख्या

                   2014         2019        2024

कुल मतदाता    83.4           89.6        96.8

महिला वोटर     39.7          43.1        47.1

पुरुष वोटर       43.7          46.5        49.7

पहली बार         2.3           1.5          1.8

 

     (आंकड़ा करोड़ में)

 

स्टैंडअप इंडिया में 81% महिला बाड़ी

सरकार के तमाम योजना में महिला लाभार्थी सबसे आगे बाड़ी। उदाहरण खातिर स्टैंडअप इंडिया में इनकर हिस्सेदारी 81% बा। मुद्रा लोन में महिला के 68%, पीएम सुरक्षा बीमा योजना में 37% अवुरी पीएम जीवन ज्योति बीमा योजना में 27% हिस्सेदारी बा।

Tags :
Bhojpuri khabarfemale voterKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriKhabar Bhojpuri NewsVote %vote rightsVoter ListVoter RegistrationVoters
Advertisement
Next Article