For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gorakhpur News: फरजी नाम से चलत रहे बिजली कनेक्शन, चेयरमैन पकड़ले

02:34 PM Dec 21, 2023 IST | Minee Upadhyay
gorakhpur news  फरजी नाम से चलत रहे बिजली कनेक्शन  चेयरमैन पकड़ले
Advertisement

बिजली निगम ग्रामीण द्वितीय के फरजी नाम पs फीडर पs करीब 12 हजार उपभोक्ता के बिजली कनेक्शन चलत रहे। पांच महीना बाद ऊर्जा निगम के अध्यक्ष एह लापरवाही के पकड़ लिहले। उ इंजीनियर लोग के डिफॉल्टर के सूची के जांच करावे के निर्देश देले बाड़े।

Advertisement

अध्यक्ष के निर्देश पs ग्रामीण वितरण बोर्ड द्वितीय के एसई जब मास्टर डाटा से फीडर के मिलान कईलस तs उनुका पाता चलल कि पुरान फीडर के नाम पs सिस्टम में कुछ नाया फीडर बनावल गईल बा। अंतर बस एतने बा कि ओह लोग के नाम के खिलाफ नया कोड डालल गइल बा।

जब जांच भईल तs पाता चलल कि ऑनलाइन बिलिंग सिस्टम में चार फीडर अवुरी 15 हजार कनेक्शन के फर्जी नाम से चले के मामिला जुलाई के हs। जुलाई में पावर कॉर्पोरेशन पुरान एम पावर सॉफ्टवेयर से डेटा के नया सॉफ्टवेयर आरएमएस में ट्रांसफर कs दिहलस। एसई कहले कि आंकड़ा के सत्यापन हो गईल बा। कुछ फर्जी नाम से नया डाटा के चलते चार फीडर पs रिकार्ड दर्ज करावल गइल बा।

Tags :
Advertisement