For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

मशरख में तीन घंटा ले बिजली आपूर्ति रही बाधित: सबेरे 11 से लेके दुपहरिया 2 बजे तक सप्लाई प्रभावित रही, मेंटेनेंस के चली काम

11:02 AM Dec 17, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
मशरख में तीन घंटा ले बिजली आपूर्ति रही बाधित  सबेरे 11 से लेके दुपहरिया 2 बजे तक सप्लाई प्रभावित रही  मेंटेनेंस के चली काम
Advertisement

छपरा के मशरख चैनपुर फीडर में तीन घंटा के पावर कट होई। सबेरे 11:00 बजे से लेके दुपहरिया 2:00 बजे तक बिजली आपूर्ति बाधित रही। चैनपुर पावर सबस्टेशन 132 केवीए में मेंटेनेंस करत घरी तार बदलला के चलते पावर कट के निर्णय लिहल गइल बा। बढ़त ठंड के बीच पावर ट्रिप के समस्या के समाधान के लेके पावर कट होई। एकरा खातिर विद्युत विभाग 132kva पावर प्लांट में पावर कट कs के तमाम तरे के मेंटेनेंस करी। एह दौरान छपरा के मशरख आ इसुआपुर क्षेत्र के कुछ हिस्सन में बिजली गुल रही।

Advertisement

लोड के देखत लिहल गइल निर्णय

विद्युत कनीय अभियंता कहलें कि बिजली के उपभोग जादे हो रहल बा। जवना के धेयान में रखत सब तरे के मरम्मत अनिवार्य बा। जवना के आलोक में अतवार के सबेरे 11:00 बजे से दुपहरिया 2:00 बजे तक पावर सप्लाई बंद के सब तारन के मरम्मत आ पावर हाउस में मेन वायर के शिफ्टिंग कइल जाई।  जवना से भविष्य में कवनो बिजली संबंधित परेसानी ना खड़ा होखे। दोबारा 2:00 बजे के बाद बिजली सुचारू रूप से चालू कs दिहल जाई। एह बीच सब उपभोक्तन के बिजली संबंधित काम ओरवा लेवे के निरदेस दिहल गइल बा।

Tags :
Advertisement