For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

तीन घंटे तक बिजली सप्लाई रही बाधित: दुपहरिया 12 से 3 बजे तक सप्लाई होई प्रभावित, एकमा फीडर से होई पावर कट 

10:47 AM Jan 11, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
तीन घंटे तक बिजली सप्लाई रही बाधित  दुपहरिया 12 से 3 बजे तक सप्लाई होई प्रभावित  एकमा फीडर से होई पावर कट 
Advertisement

एकमा/छपरा। छपरा के एकमा फीडर में तीन घंटे तक पावर कट कइल जाये के बा। पावर कट सुबह 12:00 बजे से लेकर 3:00 बजे तक कइल जाई। एकमा पावर सब स्टेशन 132 केवीए में मेंटेनेंस के चलते पावर कट के निर्णय लिहल गइल बा। ठंड में बढ़त लोड के चलत पावर सप्लाई में परेसानी ना होखे एकरा खातिर विद्युत विभाग के ओर से निर्णय लेके एकमा पावर सब स्टेशन में बिजली सप्लाई ठप कs के तार के पावर केबल के रूप में रिप्लेसमेंट कइल जाये के बा।  ई जानकारी एकमा पावर सब स्टेशन के अभियंता कुंदन कुमार देलें। एह दौरान क्षेत्र के सब गांव में बिजली गुल रही।

Advertisement

तारन के मरम्मत अनिवार्य

इंजीनियर कुंदन कुमार कहलें कि ठंड के चलते विद्युत तार पs भारी दबाव पड़ रहल बा। अलग-अलग इलेक्ट्रिक उपकरण के उपयोग कइल जाये से बिजली के उपभोग जादे हो रहल बा। जवना से पावर ट्रिप के समस्या आ रहल बा। जवना के धेयान में रखत सब तारन के मरम्मत अनिवार्य बा।

Tags :
Advertisement