For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Chhapra: विसर्जन में सामिल हाथी भइल बेकाबू, पटक-पटकके एगो जुवक के मरलस

10:13 AM Oct 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
chhapra  विसर्जन में सामिल हाथी भइल बेकाबू  पटक पटकके एगो जुवक के मरलस
Advertisement

सारण के एकमा में सनीचर के विसर्जन जुलूस में सामिल हाथी अचानक बेकाबू हो गइल। हाथी एगो जुवक के पटक-पटकके मार देलस। एकरा पहिले हाथी मुख्य सड़क पs जमके उत्पात मचवलस। कइयन गो पोल तुड़ देलस। दुगो कार, तीन गो बाइक के नुकसान पहुंचवलस।

Advertisement

लगभग एक घंटा तक हाथी के वजह से मार्केट में अफरातफरी के माहौल बनल रहल। तनिका देर बाद हाथी के महावत आ मेला में मवजूद लोगन के मदद से काबू कs लिहल गइल। एकरा बाद ओकरा के ओह बगइचा में ले आवल गइल जहां ऊ रहत रहे। ओकरा के एगो गाछ से बांध दिहल गइल।

तनिका देर बाद हाथी फेर भड़क गइल। ऊ रस्सी तुड़लस आ एगो जुवक के पटक-पटकके मार देलस। एकरा बाद हाथी उहां से भाग गइल। घटना एकमा के भुइली गांव के लगे के हs।

मृतक तारकेश्वर यादव के छोट भाई बतवलें कि 'हाथी के लेके लोग बगीचा के और गइल रहे। उहां पs ओकरा बांधे के कोसिस कइल गइल, बाकिर रस्सी के तुड़के ऊ फेर से उत्पात मचावे लागल। एह बीच उनकर बड़ भाई के पटक पटकके मार देलस।'

Tags :
Advertisement