टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Elon Musk बढ़वले Netflix, Hotstar के टेंशन

09:29 AM Sep 06, 2024 IST | Sonu Kishor
X ( twitter) CEO Elon Musk
Advertisement

Netflix, Amazon prime, hotstar जइसन ओटीटी ऐप नियन एलन मस्क एगो नया टीवी ऐप के संगे आ रहल बाड़े। खबर के मुताबिक एलन मस्क के इ नाया टीवी ऐप नेटफ्लिक्स अउरी बाकी ओटीटी ऐप नियन होई। एकरा संगे-संगे एक्स प्लेटफॉर्म के माध्यम से यूजर के टीवी तक पहुंचे के मौका मिली।

Advertisement

एलन मस्क एह बात के पुष्टि कइले बाड़े कि एक्स टीवी ऐप के बीटा वर्जन एंड्रॉयड टीवी खाती जारी कइल गइल बा। एह बीटा वर्जन के एलजी, अमेजन फायर टीवी, गूगल टीवी डिवाइस खातिर लाइव बनावल गइल बा। हालांकि एकरा लॉन्चिंग डेट के बारे में अबहीं तक जानकारी नइखे दिहल गइल।  एक्स टीवी पs यूजर के बहुत फायदा मिले वाला बा, जवना के बारे में आउर जानकारी लॉन्च के तारीख तक दिहल जा सकता।

गूगल प्ले पs दिहल डिटेल आ स्क्रीनशॉट के मुताबिक एक्स टीवी ऐप नाया ओटीटी स्ट्रीमिंग ऐप बन सकऽता। दूसर ओर कंपनी के मानल बा कि एक्स स्ट्रीम सर्विस टीवी एगो खास स्ट्रीमिंग टीवी सेवा हऽ अवुरी इ हर इंटरनेट यूजर के उपलब्ध होई। एमें रउरा अपना पसंद के लाइव चैनल, खबर, खेल, सिनेमा, संगीत आ मौसम से जुड़ल अपडेट मिल पाई।

इ सुविधा एक्स टीवी ऐप पऽ उपलब्ध होई

एक्स टीवी प रिप्ले करे के सुविधो यूजर के मिली। संगही, यूजर क्लाउड स्टोरेज के माध्यम से 72 घंटा तक शो के स्टोर कऽ सकतारे। एह ऐप में 100 घंटा तक के मुफ्त डीवीआर रिकॉर्डिंग के सुविधो दिहल जाई।

हो सकेला कि सब्सक्रिप्शन प्लान योजना लेबे के पड़े

लीक भइल रिपोर्ट के मुताबिक, एक्स टीवी ऐप के एक्सेस करे खातिर सदस्यता के जरूरत पड़ सकऽता। हालांकि एकर खुलासा लॉन्चिंग डेट पs हो सकऽता। एकरा से पहिले मस्क प्रीमियम प्लानो शुरू कइले रहले, जवना में एक्स यूजर के बहुत फायदा दिहल जाता।

Tags :
Amazon ottElon MuskElon Musk lunch OTTElon Musk will launchkhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsnetflix
Advertisement
Next Article