टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Google Vs X: एलन मस्क जल्दीए लॉन्च करिहें Xmail, जीमेल से होई सीधा टक्कर

07:17 AM Feb 24, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

एलन मस्क बहुत दिन से गूगल, फेसबुक अवुरी बाकी टेक कंपनी के मजाक उड़ावत रहले। एलन मस्क गूगल जेमिनी पs बनल मीम भी शेयर करेले। अब एलन मस्क गूगल के संगे सीधा मुकाबला के तइयारी में बाड़े। एलन मस्क जल्दिए एक्समेल लॉन्च करे वाला बाड़े जवन एक्स के ई-मेल सेवा होई।

Advertisement

एलन मस्क खुद ईs जानकारी अपना एगो पोस्ट में दिहले बाड़न। एक्स के एगो इंजीनियर एगो सवाल पूछले रहले कि हमनी के कब एक्समेल बनावत बानी जा। एकरा जवाब में एलान मस्क कहले- ई आ रहल बा।

अगर एलन मस्क इहाँ मजाक नइखन करत तs एकर मतलब बा कि जल्दिए एगो तिसरका कंपनी ई-मेल बाजार में आवे वाली बिया। माइक्रोसॉफ्ट आउटलुक के ईमेल आ गूगल जीमेल पहिलहीं से बा। याहू मेल लगभग खतम चुकल बा।

वइसे भी एलन मस्क हमेशा से अपना फैसला से लोग के हैरान करत रहल बाड़े। अगर अगिला एक-दु महीना में उs लोग एक्समेल लॉन्च कs दिहे तs कवनो आश्चर्य के बात ना होई। रउरा जानकारी खातिर बता दीं कि एलन मस्क भी एगो सुपर ऐप पs काम कर रहल बाड़े। एह ऐप के कबो भी लॉन्च कईल जा सकता।

 

 

 

 

 

 

Tags :
Elon MuskElon Musk will launchElon Musk will launch Xmai soonsocial networktechnologyTechnology NewsXmai
Advertisement
Next Article