For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ग्लोबल आउटेज के फेर से शिकार भइल X (Twitter), हजारन गो यूजर्स के सर्विस डाउन होखे के शिकायत

11:22 AM Aug 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
ग्लोबल आउटेज के फेर से शिकार भइल x  twitter   हजारन गो यूजर्स के सर्विस डाउन होखे के शिकायत
Advertisement

Advertisement

पॉपुलर माइक्रोब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म एक्स मतलब ट्विटर एक बेर फेर से ग्लोबल आउटेज के शिकार हो गइल. सबेरे 9 बजे के करीब एक्स के अधिकांश सर्विसेस अचानक डाउन हो गईल, जवना के चलते यूजर के एs ऐप के एक्सेस करे में परेशानी भईल। भारत समेत दुनिया के अधिकांश देश के लोग के एक्स आउटेज के सामना करे के पड़ल। फिलहाल एs आउटेज के लेके कंपनी के ओर से कवनो जानकारी नईखे दिहल गईल।

बहुत इंटरनेट यूजर के शिकायत बा कि एक्स सर्विस सस्पेंड हो गईल बा अवुरी एs ऐप के एक्सेस नईखे कs पावत। दूसर ओर आउटेज के ट्रैक करे वाली वेबसाइट डाउन डिटेक्टर भी एक्स के आउटेज के ट्रैक कईले बिया। सबेरे करीब नौ बजे डाउन डिटेक्टर में 1200 से अधिका लोग के रिपोर्ट दर्ज करावल गइल बा.

पहिलहीं से कई बेर आउटेज के शिकार हो चुकल बा

बता दीं कि ई पहिला बेर नइखे कि माइक्रोब्लॉगिंग प्लेटफार्म वैश्विक स्तर पs आउटेज के शिकार भइल बा. एकरा से पहिले अगस्त महीना में एक्स सेवा कुछ समय खातीर डाउन रहे। वैश्विक स्तर पs बंद होखला के बाद यूजर एs ऐप पs आपन पोस्ट तक ना पहुंच पवले।

Tags :
Advertisement