टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Natasa Stankovic संग रील बनावे के लेके ट्रोल होखला पऽ एल्विश यादव तुड़ले चुप्पी

10:17 AM Oct 14, 2024 IST | Sonu Kishor
एल्विश यादव, नताशा स्टेनकोविक
Advertisement

बिग बॉस ओटीटी सीजन 2 के विजेता आ लोकप्रिय यूट्यूबर एल्विश यादव ए घरी खबरन में बाड़े। चर्चा के कारण क्रिकेटर हार्दिक पांड्या के पूर्व पत्नी नताशा स्टेनकोविक बाड़ी। नताशा आ एल्विश के एगो वीडियो सामने आइल रहे, जवन कि सोशल मीडिया पऽ आग नियन फइल गइल रहे। वीडियो में दुनो लोग नताशा के ताज़ा गाना 'तेरे करके' पऽ नाचत देखाई देतारे। ई रील कुछे देर में वायरल हो गइल आ हार्दिक के प्रशंसक एल्विश आ नताशा के ट्रोल करे लगले। अब ट्रोलिंग के बीच एल्विश आपन चुप्पी तूड़ देले बाड़े।

Advertisement

एल्विश यादव नताशा के साथे रील खातिर ट्रोल होखे पऽ चुप्पी तुड़ देले

असल में एगो यूजर एक्स पऽ एल्विश यादव के पक्ष में ट्वीट कइले। ट्वीट में लिखल बा कि म्यूजिक वीडियो के प्रोमो शूट में नताशा स्टेनकोविक आ यूट्यूबर एल्विश यादव एक संगे देखल गइले। जवना के बाद हार्दिक पांड्या के प्रशंसक दुनो लोग के गारी-गलौज करे लगले। इ एगो परफेक्ट उदाहरण बा कि सोशल मीडिया पऽ ट्रोलिंग में लॉजिक, नैतिक शालीनता आ साक्षरता के अभाव बा। जदि इ सही में निरक्षरता ना हऽ तऽ का हऽ? एह ट्वीट के एल्विश रीट्वीट कइले आ एपर लिखले, आ फ्री में अतना पीआर करवा देवेला लो।

का कवनो वीडियो में नताशा आ एल्विश देखल जइहें?

फिलहाल इ साफ नइखे कि नताशा स्टेनकोविक अउरी एल्विश यादव कवनो प्रोजेक्ट चाहे वीडियो में एक संगे काम करतारे कि ना। दुनो लोग अपना इंस्टाग्राम पऽ जवन वीडियो पोस्ट कइले रहले, ओकरा में दुनो लोग के समुंदर के किनारे देखल गइल। दुनु जाना एक दूसरा के बगल में चलत रहले आ बतियावत रहले। नताशा रील के माध्यम से अपना नयका गाना ‘तेरे करके’ के प्रचार कइले रहली। ध्यान देवे वाला बात बा कि हार्दिक पांड्या से अलग होखला के बाद नताशा के इ पहिला प्रोजेक्ट रहे। अभिनेत्री अपना इंस्टाग्राम पऽ एह गाना के लेके अपना प्रशंसक के अपडेट देले रहली।

Tags :
Big BossBigg Boss OTT 2 Winner Elvish Yadavkhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsNtasha
Advertisement
Next Article