टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर लिंक एक्सप्रेस-वेः 81 लाख के रॉयल्टी के गबन, उद्घाटन के पहिले फर्म धोखाधाड़ी के शिकार

09:00 PM Nov 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर लिंक एक्सप्रेस-वे बनावे वाली फर्म से 81 लाख रुपिया के रॉयल्टी के गबन के ममिला सामने आइल बा। एपको फर्म के वरिष्ठ महाप्रबंधक शिकायत कइले बाड़ें। एकरा बाद केस के जांच एसएसपी साइबर थाना के सउपल जाई। साइबर थाना के पुलिस जांच सुरू कs के फर्म के कुछ कर्मचारियन से पूछताछ कइले बिया। अब शिकायतकर्ता से पुलिस पूछताछ करी।

Advertisement

दरअसल, गोरखपुर लिंक एक्सप्रेस-वे के निर्माण के ठेका लखनऊ के एपको फर्म के मिलल बा। फर्म अलग-अलग जगहन/ से निर्माण सामग्री बालू, मोरंग, गिट्टी आ ईंटा मंगवलस। फर्म पेमेंट करावे खातिर बरिस 2020 से 24 तक निर्माण सामग्री के रॉयल्टी पेपर भूतत्व आ खनिकर्म निदेशालय उत्तर प्रदेश पोर्टल पs अपलोड कइलस। तब पता चलल कि सब रॉल्यटी पेपर के पेमेंट पहिलही हो चुकल बा।

ई जानके फर्म के जिम्मेदारन के होश उड़ गइल। फर्म के वरिष्ठ महाप्रबंधक लोक शिकायत निदेशालय में शिकायत दर्ज करावल गइल। शिकायती पत्र डीएम के इहां पहुंचल। डीएम जांच-पड़ताल कs के कार्रवाई करे खातिर शिकायत पत्र एसएसपी के भेजले बाड़ें।

पुलिस के सउपलस दु हजार रायल्टी नंबर

कहियो से सामान लोड कइला पs बिल देला के बाद उहां रॉयल्टी पेपर मिलेला। एकरा के निर्माण करावे वाला फर्म बिल के संगे लगाके पेमेंट करावेला। एपको फर्म पेमेंट करावे खातिर रायल्टी पेपर लगवलें, तs ई खेल उजागर भइल। फर्म करीब दु हजार रॉयल्टी नंबर पुलिस के सउपले बा, जेकर पेमेंट पहिलही हो चुकल बा।

पुलिस अब ई जांच कs रहल बिया कि ट्रक आवे से पहिले रॉयल्टी पेपर के पेमेंट करावल गइल बा भा फेर बाद में पईसा निकालल गइल बा। पुलिस के मानल बा कि रायल्टी के कोड शेयर कs कवनो विभाग में ओकर पेमेंट करावल जा सकत बा।

कुल 81 लाख के रायल्टी गबन के ममिला बा। एकर शिकायत कइल गइल बा। पुलिस के जांच में हर तरह से सहजोग कइल जाई। जे केहू दोषी होखे, ओकरा पs कार्रवाई होखे -शशांक पांडेय, जीएम, एपको

 

पत्र साइबर थाना में आइल बा। एकर जांच चल रहल बा। कंपनी से कुछ कागजात जांच-पड़ताल खातिर मांगल गइल बा। साक्ष्य के आधार पs आगे कार्रवाई कइल जाई

-सुधीर कुमार जायसवाल, एसपी क्राइम

अपनी प्रतिक्रिया व्यक्त करें

Tags :
APKO FirmBhojpuri NewsGorakhpur Link ExpresswayRoyalty embezzlement
Advertisement
Next Article