टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सिडनी हवाई अड्डा पs विमान के आपातकालीन लैंडिंग, रनवे पs भीषण आग लगले से मचल हड़कंप

02:50 PM Nov 08, 2024 IST | Minee Upadhyay
सिडनी एयरपोर्ट पs रनवे पs जहाज में लागल भीषण आग (प्रतीकात्मक फोटो)
Advertisement

 

Advertisement

 

बियफे के दिने इंजन खराब होखला के चलते आस्ट्रेलिया के सिडनी से उड़ान भरत एगो सवारी विमान के सुरक्षित आपातकालीन लैंडिंग करे से पहिले कई गो राउंड करे के पड़ल. एकरा चलते रनवे पs भारी आग लाग गईल। क्वांटस एयरलाइन इs जानकारी देले बिया। सिडनी हवाई अड्डा एगो बयान जारी कs कहलस कि, एकरा संगे रनवे के एक ओर के घास में आग लाग गईल। हालांकि दुनो घटना के संबंध बा कि ना, इ नईखे पाता चलल। आग लगला के बाद मौका पs यात्री अवुरी कर्मचारी के बीच भगदड़ मच गईल।

हवाई अड्डा के अधिकारी के मुताबिक बहुत मेहनत के बाद आग पs काबू पा लिहल गईल बा, बाकिर उड़ान में देरी होखे के संभावना बा। क्वांटस एयरलाइन इs ना बतवलस कि ब्रिस्बेन जाए वाला ट्विन जेट बोइंग 737-800 में केतना यात्री सवार रहले, जब ओकर इंजन जोरदार धमाका के संगे खराब हो गईल। एs घटना में केहु के घाही होखे के कवनो खबर नईखे। क्वांटस के मुख्य पायलट कैप्टन रिचर्ड टोबियानो एगो बयान जारी कs कहले कि, हमनी के समझ में आवत बा कि ग्राहक खातीर इs एगो परेशान करेवाला अनुभव रहल होई अवुरी हमनी के आज दुपहर में सभ ग्राहक से संपर्क कs के सपोर्ट देवे के होई।

घटना के कारण अबे ले पता नईखे चलल

अधिकारी बतवले कि एs घटना के पीछे के कारण अबे ले पता नईखे चलल। हमनी के इंजन के समस्या के कारण के भी जांच करब।'' सिडनी हवाई अड्डा कहलस कि ओकर मुख्य रनवे अबो चालू बा। हवाई अड्डा एगो बयान जारी कs कहलस कि घास में आग एगो समानांतर रनवे के किनारे लागल बा, जवना के फेर से इस्तेमाल करे से पहिले ओकर निरीक्षण कईल जाता। हवाई अड्डा के कहल बा कि उड़ान संचालन में देरी होखे के उमेद बा आ यात्रियन के सलाह दिहल गइल बा कि ऊ लोग एयरलाइन से आपन उड़ान के स्थिति जाँच करस.

 

 

Tags :
around-the-worldAustrailiaPlane Accident  Emergency Landingsydney
Advertisement
Next Article