टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बिहार के सब अस्पतालन में 24 घंटा मिली आपातकालीन सेवा, CM डिजिटल हेल्थ योजना के जरिए खर्च होई 300 करोड़

09:25 AM Jun 26, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

बिहार के सब अस्पताल में 24 घंटा आपातकालीन सेवा होई उपलब्ध , CM डिजिटल हेल्थ योजना के माध्यम से 300 करोड़ रूपिया होई खर्च

Advertisement

बिहार में स्वास्थ्य सुविधा में सुधार खातिर राज्य में मुख्यमंत्री डिजिटल स्वास्थ्य योजना कारगर बा। एह योजना के उद्देश्य बुनियादी स्वास्थ्य सुविधा आ परीक्षण आदि के डिजिटल मोड में ले जाए के बा। एह योजना के तहत अबहीं तक 100 करोड़ रुपया खर्च भइल बा। विभाग 2024-25 में एह योजना के संचालन खातिर 17.55 करोड़ रूपिया के मंजूरी देले बा। पूरा योजना में करीब 300 करोड़ रूपिया खर्च करे के बा।

बिहार के आम जनता के स्वास्थ्य सुविधा आसानी से उपलब्ध करावे खातिर राज्य में मुख्यमंत्री डिजिटल स्वास्थ्य योजना कारगर बा। जवना के तहत बुनियादी स्वास्थ्य सुविधा आ जांच आदि के डिजिटल मोड में ले जाए के परयास बा।

सरकार के कहनाम बा कि जदि स्वास्थ्य प्रणाली आ आम जनता के स्वास्थ्य अभिलेख डिजिटल माध्यम में उपलब्ध होखे तऽ भविष्य में स्वास्थ्य नीति बनावे में बहुत सुविधा होई।

वित्तीय वर्ष 2024-25 में पांच साल तक लागू योजना के सफल संचालन खातिर स्वास्थ्य विभाग 17.55 करोड़ रूपिया के मंजूरी देले बा।

 300 करोड़ रूपिया खर्च होई

स्वास्थ्य विभाग से मिलल जानकारी के मोताबिक राज्य में मुख्यमंत्री डिजिटल स्वास्थ्य योजना साल 2022-23 से लागू हो गईल बा। एह योजना के कार्यकाल 2026-27 तक बा। पूरा योजना में करीब 300 करोड़ रूपिया खर्च करे के बा।

 100 करोड़ रूपिया खर्च हो चुकल बा

एह साल एह योजना के रखरखाव आ संचालन खातिर 17.55 करोड़ रुपिया के जरूरत के देखत एह रकम के मंजूरी दिहल गइल बा। योजना के शुरुआत के बाद से एकरा पs 100 करोड़ रूपिया खर्च भइल बा।

सब अस्पताल में 24 घंटा आपातकालीन सेवा होई उपलब्ध

हर जिला में योजना पूरा तरह से कारगर होखला के बाद सब अस्पतालन में 24 घंटा, सप्ताह में सात दिन, आपातकालीन चिकित्सा सुविधा साथही विशेषज्ञ डॉक्टर के परामर्श उपलब्ध होई। राज्य के जनता के स्वास्थ्य पs नजर राखल जा सकऽता।

पूरा तरीका से डिजिटल योजना लागू होखला के बाद मरीज के इलाज खातिर इलाज के दस्तावेज अपना संगे ना लिआवे के होई। डॉक्टर खाली एगो क्लिक से उनुकर पूरा स्वास्थ्य कुंडली देख सकिहें।

Tags :
bihar governmentbihar hospitalbihar newshelth newsKhabar Bhojpuri Newsmedical news
Advertisement
Next Article