टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

चुनाव आयोग के लिखलस जानल-मानल लोग चिट्ठी, चुनाव प्रक्रिया में पारदर्शिता बढ़ावे खातिर कदम उठावे के गुज़ारिश

11:08 AM May 11, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

लोकसभा चुनाव पहिले दू चरणन में भइल वोटिंग के आंकड़न में 'बड़ अनिश्चितता' के देखत सिविल सोसायटी के कुछ जानल मानल लोग चुनाव आयोग से अपील कइले कि उऽ मतदान प्रतिशत के आंकड़न के पुष्टि खातिर फॉर्म 17सी के पार्ट वन के आंकड़न के अपना वेबसाइट पs जारी करे।

Advertisement

एह चिट्ठी पs दस्तख़त करे वाला लोगन में ट्रांसपेरेंसी एक्टिविस्ट अंजलि भारद्वाज, एडवोकेट आ एक्टिविस्ट प्रशांत भूषण, वृंदा ग्रोवर, पूर्व केंद्रीय सूचना आयुक्त शैलेश गांधी, स्वराज अभियान के योगेंद्र यादव आ पूर्व नौकरशाह एमजी देवासहायम, सुंदर बुर्रा, देब मुखर्जी, अशोक शर्मा, अदिति मेहता, अर्थशास्त्री जयती घोष, अनहद के शबनम हाशमी शामिल बा लो।

मुख्य चुनाव आयुक्त आ अन्य चुनाव आयुक्तन के नावें लिखल गइल एह चिट्ठी में कंडक्ट ऑफ़ इलेक्शंस रूल्स के नियम संख्या 49एस के हवाला देत घरी कहल गइल बा कि प्रीजाइडिंग ऑफ़िसर (पीठासीन अधिकारी) के मतदान ख़त्म होखे पs फ़ॉर्म 17सी के पार्ट वन में बूथ पs पड़ल कुल वोटन के ब्योरा तैयार करे के होला आ एकर एगो प्रमाणित कॉपी हरेक पोलिंग एजेंट के देवे के होला।

चुनाव के पहिला चरण खातिर निर्वाचन आयोग वोटिंग के दिने यानी 19 अप्रैल के एक प्रेस नोट जारी कइले रहे। एह प्रेस नोट में कहल गइल रहे कि शाम सात बजे ले अनुमानित वोटर टर्न आउट 60 फ़ीसदी से ऊपर रहल बा। 11 दिन बाद 30 अप्रैल के चुनाव आयोग मतदान प्रतिशत के जवन आंकड़ा जारी कइलस, ओमें 66.14 प्रतिशत मतदान के आंकड़ा दिहल गइल। ई पिछीलका आंकड़ा से छव फीसदी से बेसी रहल।

ठीक ओही तरे, दूसरका चरण खातिर इलेक्शन कमीशन मतदान के दिने यानी 26 अप्रैल के जवन आंकड़ा जारी कइलस, ओमें शाम सात बजे खातिर ई बतावल गइल कि 60.96 फ़ीसदी मतदान भइल बा बाकिर 30 अप्रैल के जारी कइल गइल प्रेस नोट में एकरा से संशोधित कर के मतदान प्रतिशत के आंकड़ा के बढ़ा के 66.71 फ़ीसदी कऽ दिहल गइल रहे।

Tags :
2024 electionBhojpuri Newselection commissionelection newsKhabar bhojpuriloksabha election 2024Loksabha Elections 2024
Advertisement
Next Article