टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Emirates flight: हवाई जहाज से टकरा के 36 गो फ्लेमिंगो के मौत हो गइल, मुंबई के कई इलाका में मिलल मरल चिरई

07:16 PM May 21, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

बतावल जाता कि मुंबई के कई गो अलगा-अलगा इलाका से मरल फ्लेमिंगो बरामद भइल बाड़ी सs। स्थानीय लोग फोन कs के एकरा बारे में जानकारी देले, जेकरा बाद वन विभाग आ बाकी टीम मौका पs पहुंच के मरेवाली फ्लेमिंगो के पकड़ लेले।

Advertisement

मुंबई के घाटकोपर में एमिरेट्स के उड़ान से टकरा के नाहियो त 36 फ्लेमिंगो के मौत हो गइल । एकरा संगे-संगे विमान के भी नुकसान भइल। मंगल के दिने एगो वन्यजीव कल्याण समूह के सदस्य एह घटना के जानकारी दिहलस ।

मरे वाला चिरई के पोस्टमार्टम खातिर भेजल गइल 

‘रेजिंग एसोसिएशन फॉर वाइल्डलाइफ वेलफेयर’ (आरएडब्ल्यूडब्ल्यू) के संस्थापक आ वन विभाग के मानद वन्यजीव वार्डन पवन शर्मा बतवले कि घाटकोपार के कुछ जगहा मरे वाला चिरई देखे के बहुत लोग के फोन आवत रहे। उ बतवले कि मरेवाली चिरई के मौत के असली कारण के पता लगावे खातीर पोस्टमार्टम खातीर भेजल गइल बा।

सोमवार के रात के घटना

मुंबई आवत एमिरेट्स के फ्लाइट से टकरा के 36 गो फ्लेमिंगो के मौत हो गइल । सोमवार के रात में एह घटना के खबर दिहल जा रहल बा । एह टक्कर के बाद घाटकोपर इलाका में बहुते मरे वाली फ्लेमिंगो मीलल बाड़ी सs । एह टक्कर के चलते विमान के भी बहुत नुकसान भइल। हालांकि विमान सुरक्षित हवाई अड्डा पs उतर गईल। फिलहाल सब यात्री सुरक्षित बतावल जाता। वन अधिकारी आ पशु कार्यकर्ता मरल फ्लेमिंगो चिरई के हटा दिहले बाड़न ।

अलगा-अलगा इलाका में मिलल मरे वाली चिरई

एह हादसा के कई गो वीडियो भी सामने आइल बा। बतावल जाता कि मुंबई के कई अलगा-अलगा इलाका से मरल फ्लेमिंगो बरामद भइल बाड़ी सs। स्थानीय लोग फोन कs के एकरा बारे में जानकारी देले, जेकरा बाद वन विभाग आ बाकी टीम मौका पs पहुंच के मरेवाला फ्लेमिंगो के पकड़ लेले।

Tags :
Bhojpuri khabaremirates flightFlamingo death due to EmiratesKhabar Bhojpur NewsKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri news specialmigrantmigratory birdबड़ी khabar
Advertisement
Next Article