For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

कुपवाड़ा में सुरक्षाबलन के आतंकियन के साथे मुठभेड़, सेना के 3 गो जवान घायल 

08:30 AM Jul 27, 2024 IST | Minee Upadhyay
कुपवाड़ा में सुरक्षाबलन के आतंकियन के साथे मुठभेड़  सेना के 3 गो जवान घायल 
Advertisement

Advertisement

जम्मू कश्मीर के कुपवाड़ा जिला में सुरक्षा बल आ आतंकियन के बीच मुठभेड़ चलत बा. शनिचर के सबेरे कामकारी इलाका में तलाशी अभियान के दौरान सुरक्षा बल के आतंकी से मुठभेड़ भईल, जवना के बाद दुनो ओर से गोलीबारी शुरू हो गईल। एह मुठभेड़ में सेना के तीन जवान घवाहिल हो गइलें. आठ गो पाकिस्तानी आतंकियन के छिपावे के खुफिया जानकारी मिलला के बाद सेना एह तलाशी अभियान के शुरुआत कइले रहुवे. जंगल में आतंकी भागे के संभावना बा। उनकर खोज जारी बा। आ जवानन के इलाका के ओर भेजल गइल बा.

एकरा से पहिले 24 जुलाई के कुपवाड़ा में रात भर सुरक्षा बल अवुरी आतंकी के बीच मुठभेड़ भईल रहे। एह मुठभेड़ में एगो आतंकी के मउत हो गइल आ एगो जवान घवाहिल हो गइल. घायल जवान के 25 जुलाई के अस्पताल में इलाज के दौरान मउत हो गईल रहे।

Tags :
Advertisement