For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ENG vs SA Pitch Report: बैटर्स भा बॉलर्स, केकरा हक में होई डैरेन सैमी स्टेडियम के पिच, जानीं पूरा जानकारी

08:21 AM Jun 21, 2024 IST | Sonu Kishor
eng vs sa pitch report  बैटर्स भा बॉलर्स  केकरा हक में होई डैरेन सैमी स्टेडियम के पिच  जानीं पूरा जानकारी
Advertisement

डिफेंडिंग चैंपियंस इंग्लैंड के सामना मेजबान टीम साउथ अफ्रीका से टी20 विश्व कप 2024 में पहिला बेर 21 जून के होखे के बा। ई मोकाबला सेंट लूसिया के डैरेन सैमी नेशनल क्रिकेट स्टेडियम में होखे के बा। दुनु टीम लीग स्टेज में शानदार प्रदर्शन कइलस। वेस्टइंडीज के टीम के सुपर-8 में अपना पहिला मैच में इंग्लैंड 8 विकेट से मात देलस।

Advertisement

इंग्लैंड आ साउथ अफ्रीका के टीम टी20 विश्व कप 2024 में सुपर-8 मैच में एक- दोसरा से 21 जून के भिड़ी। ई मोकाबला सेंट लूसिया के डैरेन सैमी क्रिकेट स्टेडियम में भारतीय समय के अनुसार रात 8 बजे से खेलल जाई। साउथ अफ्रीका के टीम के लीग स्टेज में प्रदर्शन शानदार रहल। टीम अपना चारों मैचन में जीत हासिल कइलस। ओहिजा, इंग्लैंड टीम लीग स्टेज में अपना 4 मैचन में से दु मैच में जीत हासिल कइलस आ सुपर-8 में अपना पहिला मैच में वेस्टइंडीज के टीम के8 विकेट से हरवलस।

अब दुनो टीम के सामना डैरेन सैमी स्टेडियम में होई। अइसे में जानल जाव एह स्टेडियम के पिच बैटर्स की बॉलर्स केकरा हक में होई ?

ENG vs SA Pitch Report: डैरेन सैमी स्टेडियम के पिच पऽ केकरा मिली फायदा?

सेंट लूसिया एकमात्र अइसन वेन्यू हऽ जहवां टी20 विश्व कप में रन बनावे में बैटर्स के सहूलियत मिलेला। ऑस्ट्रेलियाई टीम स्कॉटलैंड के खिलाफ 181 रन चेज कइलस, ओहिजा श्रीलंका आ वेस्टइंडीज के टीम में क्रमश: 201 आ 218 रन के बचाव करत घरी 83 आ 104 रन से क्रमश: जीत हासिल कइलस। एह पिच पs पहिले बैटिंग करे वाली टीम स्कोर बोर्ड पs बड़ स्कोर लगावल चाहीं, ताकि रन चेज करे वाली टीम के लक्ष्य हासिल करे में मुश्किल होई।

St Lucia Pitch Report T20I: टी20 विश्व कप 2024 में अबहीं ले कइसन खेलल ई पिच?

मैच खेले गए- 4

पहिले बैटिंग करत घरी मैच जीतल- 3

पहिले बॉलिंग करत घरी मैच जीतल- 1

पहिला पारी के औसत- 200

हाइएस्ट स्कोर- 218 (वेस्टइंडीज बनाम अफगानिस्तान)

हाइएस्ट टोटल चेज (181 रन- ऑस्ट्रेलिया बनाम स्कॉटलैंड)

ENG vs SA: दुनु टीमन के संभावित प्‍लेइंग 11

इंग्लैंड- फिल सॉल्‍ट, जोस बटलर (विकेटकीपर/कप्तान), जॉनी बेयरस्टो, हैरी ब्रुक, मोईन अली, लियाम लिविंगस्टोन, सैम कुरन, जोफ्रा आर्चर, आदिल राशिद, मार्क वुड, रीस टॉपली।

साउथ अफ्रीका- क्विंटन डी कॉक (विकेटकीपर), रीजा हेंड्रिक्स, एडेन मार्कराम (कप्‍तान), हेनरिक क्लासेन, डेविड मिलर, ट्रिस्टन स्टब्स, मार्को जानसन, केशव महाराज, कगिसो रबाडा, एनरिक नॉर्टजे, तबरेज शम्सी।

Tags :
Advertisement