टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मां से रंजिश, बेटी से बदला : बिहार में सात साल के लईकी से सामूहिक दुष्कर्म; आंख फोड़लें सs, गर मरोड़ मार डलले सs 

02:37 PM Apr 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

पूर्णिया के रूपौली में सात साल के मासूम के निर्मम हत्या कs दिहल गइल बा। हैवान पहिले मासूम के संगे सामूहिक दुष्कर्म कइलें सs आ फेर आंख फोड़के आ गर मरोड़ के मार डलले सs। बच्ची के शव चपहरी गांव के बहियार में मिलला से सनसनी फइल गइल। ममिला के जानकारी मिलतही रूपौली थानेदार दल-बल के संगे घटनास्थल पs पहुंचलें आ शव के कब्जा में लेके शिनाख्त कइल सुरू कs दिहल। रूपौली पुलिस कावर से दुगो संदिग्ध के हिरासत में लेके पूछताछ कइल जा रहल बा। पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर भेजके जांच में जुट गइल बिया।

Advertisement

मकई के खेत से गायब हो गइल रहे लईकी

परिजन बतावल लो कि बच्ची अपना लईकी के संगे मकई के खेत में खुट्टी काटे खातिर गइल रहे। ईया 10 बजे लईकी के खेत में छोड़के घर वापस चल आइल। ओकरा बाद जब ईया खेत पहुंचली तs लईकी गायब रहे। ओकरा बाद परिजन लईकी के खोजबीन करे लागल लो। सुक के दुपहरिया में सूचना मिलल कि मकई के खेत में एगो लईकी के शव पड़ल बा। एकरा बाद ओकर पहचान लईकी के रूप में कइल गइल। ओहिजा, मृतिका के बाबा रेप कs के हत्या के आशंका जतवले बाड़ें।

दुगो संदिग्धन के पुलिस हिरासत में लेलस

घटना के बाद लईकी के बाबा के कहनाम बा ओकरा संगे दु से तीन लोग रेप कइले बा। ओकरा बाद गर मरोड़ के हत्या कs दिहल। रूपौली पुलिस कावर से दुगो संदिग्ध के हिरासत में लेके पूछताछ कइल जा रहल बा। हिरासत में लिहल गइल एगो व्यक्ति मोतिहारी जिला के बतावल जा रहल बा। एने, रूपौली थानेदार अमजद अली बतवलें कि दुगो संदिग्ध के हिरासत में लिहल गइल बा। ओकरा से पूछताछ कइल जा रहल बा। जांच खातिर एफएसएल के टीम के मदद लिहल गइल बा। ममिला में आगे के कार्रवाई चल रहल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsCrime NewsPurniya NewsRape With ChildVictim's Body Found
Advertisement
Next Article