टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर विश्वविद्यालय में डीडीयू में 27 जून से आठ जुलाई तक होई प्रवेश परीक्षा

11:35 AM Jun 21, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में सत्र 2024-25 में स्नातक-परास्नातक में प्रवेश खातिर परीक्षा 27 जून से आठ जुलाई तक आयोजित होई। विश्वविद्यालय एकरा खातिर समय सारणी जारी कs देले बा। 22 जून के सांझ छव बजे से अभ्यर्थी प्रवेश पत्र डाउनलोड कs सकी लो। शोध पात्रता परीक्षा खातिर तिथि अगिला हफ्ता जारी होई।

Advertisement

एडमिशन सेल के निदेशक प्रो. हर्ष सिन्हा बतवलें कि प्रवेश परीक्षा के आयोजन दु पालियन में कइल जाई। पहिला पाली सबेरे नौ से 11 बजे तक आ दूसरका पाली दुपहरिया तीन से पांच बजे तक आयोजित होई। सब प्रवेश परीक्षा विश्वविद्यालय परिसर में संपन्न होई। एकरा खातिर मुख्य परिसर में नौ आ महाराणा प्रताप परिसर में दुगो केंद्र बनावल गइल बा। अभ्यर्थी विश्वविद्यालय के प्रवेश पोर्टल dduguadmission.in पs जाके 22 जून के सांझ छव बजे से प्रवेश पत्र डाउनलोड कs सकी लो।

कुलपति प्रो. पूनम बतवली कि परीक्षा के बेवस्थित आ शुचितापूर्ण आयोजन खातिर निरदेस दिहल गइल बा। प्रवेश परीक्षा के माध्यम से सर्वश्रेष्ठ प्रतिभा के इहां अध्ययन खातिर आमंत्रित कइल हमनी के चाहत बा।

 

Tags :
Bhojpuri NewsDduDeen dayal upadhyay gorakhpur universityEntrance ExamExam Schedule AnnouncedGorakhpur UniversityUG & PG Entrance
Advertisement
Next Article