For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

EPFO यूजर्स के मिलल सौगात, अब शिक्षा-हाउसिंग आ शादी के क्लेम झटपट होई सेटल

09:58 AM May 14, 2024 IST | Sonu Kishor
epfo यूजर्स के मिलल सौगात  अब शिक्षा हाउसिंग आ शादी के क्लेम झटपट होई सेटल
Advertisement

EPFO Auto Claim Settlement देश के करोड़ो यूजर्स के ईपीएफओ सौगात देलस। अब ईपीएफओ में क्लेम सेटल होखे में कम समय लागी।क्लेम सेटलमेंट में जल्दीए एकरा खातिर ईपीएफओ ऑटो क्लेम सेटलमेंट (EPFO Auto Claim Settlement) के दायरा बढ़ा देले बा। एकरा खातिर अलावा पढ़ाई शादी आ हाउसिंग क्लेम खातिर ऑटो क्लेम सॉल्यूशन लॉन्च कइले बा।

Advertisement

कर्मचारी भविष्य निधि संगठन (EPFO) अपना यूजर्स के सौगात देलस। बता दी कि ईपीएफओ स्कीम (EPFO Scheme) बरिस 1952 में शुरू भइल रहे। ई स्कीम पहिले सरकारी कर्मचारी के खातिर रहे बाकिर बाद में एकरा के प्राइवेटो कर्मचारियन खातिर शुरू कर दिहल गइल।

एह स्कीम में कर्मचारी आ कंपनी द्वारा हर महीना एगो फिक्स्ड अमाउंट पीएफ फंड (PF Fund) में जमा कइल जाला। एह फंड में सरकार द्वारा ब्याज दिहल जाला। ई स्कीम रिटायरमेंट स्कीम (Retirement Scheme) हऽ। रिटायरमेंट के बाद कर्मचारी के मोटा फंड आ मासिक पेंशन (Monthly Pension) के लाभ मिलेला।

ईपीएफओ ऑटो क्लेम सेटलमेंट के लिमिट के 50,000 रूपिया से बढ़ा के 1 लाख रूपिया कर दिहल गइल बा। न्यूज एजेंसी आईएएनएस बतवलस कि एकर जानकारी श्रम मंत्रालय द्वारा दिहल गइल बा।

ईपीएफओ एकरा खातिर ऑटो क्लेम सॉल्यूशन लॉन्च (EPFO Auto Claim Solution) कइले बा। एमें आईटी सिस्टम के जरिये क्लेम सेटल होई। ईपीएफओ बतवलस पिछला कारोबारी साल में उऽ 4.5 करोड़ क्लेम के निपटारा कइले बा।

एमें से 60 फीसदी से बेसी के क्लेम अग्रिम दावा खातिर रहे। बता दी कि अप्रैल 2020 से बीमारी के इलाज खातिर एडवांस क्लेम सेटलमेंट खातिर ऑटो मोड सुविधा शुरू हो गई बा।

एह इस्थिति में जल्दीए सेटल होई क्लेम

पिछला वित्त वर्ष में लगभग 89.52 लाख क्लेम अइसन रहे जेकरा के ऑटो-मोड के तहत सेटल कइल गइल बा। ईपीएफ स्कीम 1952 के पैरा 68K (एजुकेशन और मैरिज खातिर ) आ 68B (हाउसिंग) खातिर ऑटो क्लेम के सुविधा शुरू कइले बा।

जहां पहिले क्लेम सेटल होखे में समय लागत रहे, उहे अब अइसन ना होई। दरअसल, ऑटो सेटलमेंट में बिना मानवीय हस्तक्षेप ना होई, जेकरा वजह से जल्दी क्लेम सेटल हो जाई। ऑटो क्लेम सेटल के आईटी सिस्टम द्वारा ऑपरेट कइल जाई।

इहाँ तक कि केवाईसी, पात्रता आ बैंक वैलिडेशनो आईटी टूल्स के जरिए ऑटोमेटिक तरीके से प्रोसेस होई। मंत्रालय द्वारा कहा जा रहल बा कि जहंवा पहिले क्लेम सेटलमेंट होखे में 10 दिन के समय लागत रहे आ अब 3 से 4 दिन में पूरा हो जाई।

Tags :
Advertisement