For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UP में ESMA, अगिला 6 महीना सरकारी कर्मचारी नाहीं कs सकेले हड़ताल

03:52 PM Feb 16, 2024 IST | Minee Upadhyay
up में esma  अगिला 6 महीना सरकारी कर्मचारी नाहीं कs सकेले हड़ताल
Advertisement

कोरोना के तबाही अवुरी ब्लैक फंगस के बढ़त मामिला के बीच उत्तर प्रदेश सरकार कर्मचारी के हड़ताल पs रोक के 6 महीना खातीर बढ़ा देले बिया। योगी सरकार राज्य में आवश्यक सेवा रखरखाव अधिनियम (ईएसएमए) के छह महीना खातिर बढ़ा दिहले बिया। एकरा तहत लोक सेवा, निगम अवुरी स्थानीय विभाग के कर्मचारी के हड़ताल पs रोक लगावल गईल बा।

Advertisement

यूपी सरकार के कहना बा कि मंगल के दिने एह आशय के अधिसूचना जारी भइल बा। ईएसएमए के प्रावधान के उल्लंघन से पुलिस के बिना वारंट के केहू के गिरफ्तार करे के अधिकार मिल जाला। अगिला 6 महीना तक कवनो सरकारी कर्मचारी हड़ताल नईखे क सकत। अगर उs जास तs ओकरा के गिरफ्तार कईल जा सकता।

अपर मुख्य सचिव मुकुल सिंघल बतवले कि फिलहाल ईएसएमए 6 महीना से लगावल गईल बा। जरूरत पड़ला पs एकरा के बढ़ावल जा सकेला। जबकि अगर हालात सही बा तs 6 महीना से पहिले भी वापस लिहल जा सकता।

बता दीं कि कोरोना के चलते 25 नवम्बर 2020 के यूपी सरकार 6 महीना से ईएसएमए कानून लागू कs देले रहे। एह दौरान राज्य में कवनो तरह के हड़ताल पs पूरा तरीका से रोक लगा दिहल गईल। ईएसएमए के तहत जरूरी सेवा से जुड़ल सरकारी कर्मचारी निर्धारित समय ले कवनो प्रकार के हड़ताल ना कs सकत रहले।

ईएसएमए कानून का ह?

1966 में बनल ईएसएमए एक्ट के तहत जरूरी सेवा में लागल कर्मचारी के हड़ताल ना करे के इजाजत बा। एह कानून के केंद्र सरकार भा कवनो राज्य सरकार अधिका से अधिका छह महीना ले लगा सकेले। कानून के उल्लंघन करे वाला कवनो कर्मचारी के बिना वारंट के गिरफ्तार कईल जा सकता।

Tags :
Advertisement