टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पुणे में पलटल Ethylene oxide से भरल टैंकर, गैस के हो रहल बा रिसाव, लोगन में आग आ धमाका के डर

10:40 AM Nov 27, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

पुणे के विमान नगर इलाका में एगो टैंकर पलटला से दहशत मच गइल बा। असल में सड़क पs जवन टैंकर पलट गईल रहे उ Ethylene oxide से भरल बा। बतावल जाव कि वडगांव शेरी चौराहा के लगे पुणे-अहमदनगर सड़क पs ई टैंकर पलट गइल। जवना इलाका में टैंकर पलट गइल ऊ आबादी वाला इलाका ह।टैंकर से भारी मात्रा में गैस लीक हो रहल बा। अयीसना में टंकर में कवनो विस्फोट हो सकता, एकर आशंका बा। एही बीच मामिला के जानकारी मिलला के बाद प्रशासन के अलग-अलग विभाग के टीम मौका पs पहुंचल बा।फायर ब्रिगेड भी आपन काम सम्हार लेले बा। मौका पs फायर ब्रिगेड के कुल 8 फायर इंजन के तैनात कईल गईल बा।

गैस रिसाव के चलते विस्फोट के डर

फायर ब्रिगेड के गाड़ी लगातार टैंकर पs पानी के छिड़काव करतिया, ताकि कवनो घटना से बचावल जा सके। इहाँ आग आ विस्फोट के लगातार खतरा रहेला। एह लीक के काबू में राखे खातिर रिलायंस पेट्रोकेमिकल कंपनी के बचाव आ मरम्मत टीम के बोलावल गइल बा। टीम के पहुंचे तक लगातार टैंकर पs पानी के छिड़काव कईल जाता। पुलिस विभाग यातायात पs नियंत्रण कs लेले बा। यातायात पs भी नियंत्रण हो गईल बा, जवना के चलते सड़क पs रफ्तार धीमा हो गईल बा। ध्यान रहे कि प्रशासन के टीम मौका पs मौजूद बा।

Tags :
Fire brigadePune AccidentPune Policeroad accident
Advertisement
Next Article