टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सोशल मीडिया के जादा इस्तेमाल बच्चा खाती नुकसानदेह बा : एलान मस्क

01:40 PM May 25, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

आज के समय में चाहे लइका होखे भा बड़का, सभे आपन अधिकतर समय मोबाइल फोन आ स्क्रीन के सामने बितावेला। बाकी का रउवा जानत बानी कि मोबाइल के इस्तेमाल आ सोशल मीडिया रउरा बच्चा खातीर केतना खतरनाक हो सकता।

Advertisement

आज के समय में चाहे लइका होखे भा बड़का, सभे आपन अधिकतर समय मोबाइल फोन आ स्क्रीन के सामने बितावेला। बाकी का रउवा जानत बानी कि मोबाइल के इस्तेमाल आ सोशल मीडिया रउवा बच्चा खातीर केतना खतरनाक हो सकता। दरअसल, सोशल मीडिया के नकारात्मक प्रभाव के जिक्र करत टेक अरबपति एलान मस्क बियफे के दिने कहले कि एकर जादा इस्तेमाल लइकन खातिर नुकसानदेह हो सकेला ।

ऊ एक्स पs एगो पोस्ट में कहले कि, सोशल मीडिया के जादा इस्तेमाल बच्चा खातीर बहुत खराब बा। हाल ही में पेरिस में विवाटेक मेला में वर्चुअल रूप से संबोधित करत मस्क सोशल मीडिया के इस्तेमाल के बच्चा पs प्रभाव पs जोर देले।

भारत में 40 साल से कम उमिर के लोग कैंसर के 20 प्रतिशत केस से पीड़ित बाड़े : शोध से पता चलल बा।

ऊ कहले कि सोशल मीडिया कंपनी ए ऐप प यूजर के जुड़ाव बढ़ावे खाती आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) के इस्तेमाल करेले, जवना से दिमाग में खुशी के एहसास से पैदा होखेवाला रसायन 'डोपामाइन' बढ़ जाला। लइका-लइकी अधिकतर एह तकनीक के शिकार होखेलें।

मस्क सब अभिभावक से निहोरा कइले कि ऊ लोग अपना बच्चा के सोशल मीडिया के इस्तेमाल करे के समय सीमित करस। ऊ कहले कि, सोशल मीडिया एआई के बीच डोपामाइन बढ़ावे खातीर तीव्र प्रतिस्पर्धा बा।

9 बच्चा के पिता एलान मस्क पिछला साल कहले रहले कि ऊ अपना बच्चा के सोशल मीडिया के इस्तेमाल करे से कबहूँ नइखन रोकले, बाकी अब लागता कि ई गलती हो सकता। ऊ मेटा के फेसबुक आ इंस्टाग्राम के भी आलोचना कइले बाड़े आ कहले बाड़े कि ए प्लेटफॉर्म अपना टूल के माध्यम से बाल शोषण के बढ़ावा देले बाड़े।

मस्क सब अभिभावक से निहोरा कइले कि ऊ लोग अपना बच्चा के सोशल मीडिया के इस्तेमाल करे के समय सीमित करस। ऊ कहले कि, सोशल मीडिया एआई के बीच डोपामाइन बढ़ावे खातीर तीव्र प्रतिस्पर्धा बा।

9 बच्चा के पिता एलान मस्क पिछला साल कहले रहले कि ऊ अपना बच्चा के सोशल मीडिया के इस्तेमाल करे से कबहूँ रोकले नइखन, बाकी अब लागता कि ई गलती हो सकता। ऊ मेटा के फेसबुक आ इंस्टाग्राम के भी आलोचना कइले बाड़े आ कहले बाड़े कि ए प्लेटफॉर्म अपना टूल के माध्यम से बाल शोषण के बढ़ावा देले बाड़े।

Tags :
Bhojpuri khabarChildrenElon MuskKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri news specialSocial Mediasocial media platformTwitterबड़ी khabar
Advertisement
Next Article