टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सबेरे-सबेरे: नाक के शेप के ठीक करे खातीर करीं इs एक्सरसाइज, नाक दिखीं शार्प

07:45 AM Aug 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

हमनी के सुंदरता बढ़ावे में आंख, होंठ अवुरी नाक के अहम भूमिका होखेला। कुछ लोग के नाक के आकार बहुत तिखा होला यानी उभरा होला। नाक के आकार भी आपके सुंदरता के बढ़ावेला। कुछ लोग में नाक के खराब आकार चिंता के प्रमुख कारण बन जाला। चेहरा देखत घरी सबसे पहिले हमनी के ध्यान में नाक आवेला। महिला नाक के आकार में सुधार खातीर ब्यूटी प्रोडक्ट के भी इस्तेमाल करेली। बाकीर कुछ व्यायाम के नियमित अभ्यास से रउरा नाक के आकार के कुछ हद ले सुधार सकतानी।

नाक के शेप के ठीक करे खातीर करीं ई एक्सरसाइज 

•नोज स्लिमर

नोज स्लिमर: फोटो

अगर रउरा आपन नाक के चौड़ाई कम कईल चाहतानी तs ‘नोज स्लिमर’ व्यायाम आपके खातीर सही बा। इs व्यायाम आपके नाक के साइड के मांसपेशी पs काम करेला। एहसे आपके नाक पतला हो सकता।

१-एकरा खातिर रउरा सीधा बइठ जाई. कंधा के भी सीधा रखे के चाहीं।

२-अब जईसे कि एs फोटो में देखावल गईल बा, दुनो हाथ के तर्जनी से नाक के दुनो ओर कुछ सेकंड ले दबाईं।

३-एकरा के लगभग 10 से 15 बेर दोहराईं।

४-एकर नियमित अभ्यास से आपके नाक के आकार बदल सकता।

•नाक ऊपर उठावल

नाक ऊपर उठावल: फोटो

अगर आपन रोज के व्यायाम के दिनचर्या में नाक के व्यायाम के भी शामिल कs सकतानी। एकरा खातीर अंगूठा के मदद से आंख के कोना के हल्का से मालिश करीं अवुरी त्वचा के ऊपर के ओर ले जाईं। ई प्रक्रिया 10 से 12 बेर कइल जा सकेला। बाकीर ध्यान रहे कि अयीसन करत घरी नाक पs जादा दबाव ना डाले के चाही। एकरा से नाक के त्वचा के छिला सकता।

•नाक ऊपर नीचे कइल 

नाक ऊपर नीचे कइल : फोटो

नाक के ऊपर के हड्डी अवुरी मांसपेशी के संरचना उमर अवुरी समय के संगे बदलत रहेला। रउरा सभे देखले होखब कि घर के बड़ लोग भी लइकन के मालिश करत घरी नाक के आकार पs ध्यान देला। संगही, बच्चा के नाक उठावे के कोशिश करीं। नाक के आकार के सही करे खातीर आप अंगुरी के मदद से नाक के ऊपर के ओर खींच सकतानी।

 

 

 

 

 

Tags :
Exerciseexercise for snakeExercise news in bhojpuriExpert VerifiedGood Morning NewsGood Morning News in BhojpuriLifestyle NewsNose ProblemYoga News in Bhojpuri
Advertisement
Next Article