For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

छपरा रूट से चले वाला ट्रेनन के प्रायोगिक ठहराव सुरू : यात्रियन के सुविधा खातिर कइयन गो ट्रेनन के अलग-अलग स्टेशनन पs भइल ठहराव

03:02 PM Mar 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
छपरा रूट से चले वाला ट्रेनन के प्रायोगिक ठहराव सुरू   यात्रियन के सुविधा खातिर कइयन गो ट्रेनन के अलग अलग स्टेशनन पs भइल ठहराव
Advertisement

रेलवे प्रशासन के ओर से यात्री सुविधा खातिर कइयन गो एक्सप्रेस गाड़ियन के प्रायोगिक तौर पs ठहराव अलग-अलग स्टेशनन पs कइल गइल बा। जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी कs के बतवलें कि छपरा से होके चले वाली कइयन गो ट्रेनन के अलग-अलग स्टेशनन पs ठहराव कइल गइल बा।

Advertisement

एकरा से छपरा रूट से चले वाला यात्रियन के विशेष लाभ होई। त्योहार के समय ट्रेनन के प्रयोगिक ठहराव कइल गइला से यात्रियन के यात्रा करे में आउर सहूलियत होई। बता दीं कि कइयन स्टेशनन पs लमहर समय से स्थानीय लोगन के ओर से ट्रेनन के ठहराव के मांग कइल जात रहे।

एह ट्रेनन के होई ठहराव-

  • पाटलिपुत्र से चले वाली 15079 पाटलिपुत्र-गोरखपुर एक्सप्रेस रतन सराय स्टेशन पs 19:18 बजे पहुंचके 19.20 बजे प्रस्थान करी।
  • गोरखपुर से चले वाली 15080 गोरखपुर-पाटलिपुत्र एक्सप्रेस रतन सराय स्टेशन पs 07:30 बजे पहुंचके 07:32 बजे प्रस्थान करी।
  • गोमतीनगर से चले वाली 15113 गोमतीनगर-छपरा कचहरी एक्सप्रेस सिधवलिया स्टेशन पs 06:46 बजे पहुंचके 06:48 बजे प्रस्थान करेगी।
  • छपरा कचहरी से चले वाली 15114 छपरा कचहरी-गोमतीनगर एक्सप्रेस सिधवलिया स्टेशन पs 20:38 बजे पहुंचके 20:40 बजे प्रस्थान करी।
  • छपरा से चले वाली 15105 छपरा-नौतनवा एक्सप्रेस जीरादेई स्टेशन पs 07:10 बजे पहुंचके 07:12 बजे प्रस्थान करी।
  • नौतनवा से चले वाली 15106 नौतनवा-छपरा एक्सप्रेस जीरादेई स्टेशन पs 19:58 बजे पहुंचके 20:00 बजे प्रस्थान करी।
  • सम्बलपुर से चले वाली 15027 सम्बलपुर-गोरखपुर एक्सप्रेस जीरादेई स्टेशन पs 13:14 बजे पहुंचके 13:16 बजे प्रस्थान करी।
  • गोरखपुर से चले वाली 15028 गोरखपुर-सम्बलपुर एक्सप्रेस जीरादेई स्टेशन पs 09:40 बजे पहुंचके 09:42 बजे प्रस्थान करी।
  • बांद्रा टर्मिनस से चले वाली 19091 बांद्रा टर्मिनस-गोरखपुर एक्सप्रेस भटनी स्टेशन पs 15:48 बजे पहुंचके 15:50 बजे प्रस्थान करी।
  • गोरखपुर से चले वाली 19092 गोरखपुर-बांद्रा टर्मिनस एक्सप्रेस भटनी स्टेशन पs 22:53 बजे पहुंचके 22:54 बजे प्रस्थान करी।
  • सहरसा से चले वाली 12203 सहरसा-अमृतसर एक्सप्रेस देवरिया सदर स्टेशन पs 23:15 बजे पहुंचके 23:17 बजे प्रस्थान करी।
  • अमृतसर से चले वाली 12204 अमृतसर-सहरसा एक्सप्रेस देवरिया सदर स्टेशन पs 01:20 बजे पहुंचके 01:22 बजे प्रस्थान करी।
  • टाटानगर से चलने वाली 18181 टाटानगर-थावे एक्सप्रेस दाउदपुर स्टेशन पर 15.50 बजे पहुंचकर 15.52 बजे प्रस्थान करेगी।
  • थावे से से चलने वाली 18182 थावे-टाटानगर एक्सप्रेस दाउदपुर स्टेशन पर 11.40 बजे पहुंचकर 11.42 बजे प्रस्थान करेगी।
Tags :
Advertisement