टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मध्य प्रदेशः जबलपुर के ऑर्डिनेंस फैक्ट्री में जबरदस्त धमाका, दु गो के मउत, 9 गो कर्मचारियन के हालत नाजुक

01:04 PM Oct 22, 2024 IST | Minee Upadhyay
जबलपुर के ऑर्डिनेंस फैक्ट्री में जबरदस्त धमाका
Advertisement

 

Advertisement

मध्य प्रदेश के जबलपुर में एगो ऑर्डिनेंस फैक्ट्री (हथियार बनावे वाली कंपनी) में भारी विस्फोट हो चुकल बा। जिला के खमरिया में स्थित ऑर्डिनेंस फैक्ट्री में भइल विस्फोट में दू गो कर्मचारी के मउत हो गइल बा जबकि 9 गो कर्मचारी गंभीर रूप से घवाहिल हो गइल बाड़े. जानकारी के मुताबिक इs धमाका कंपनी के एफ 6 सेक्शन में भईल बा। विस्फोट एतना तेज रहे कि इमारत के एगो हिस्सा गिर गईल। मलबा के नीचे बहुत कर्मचारी के दफन होखे के खबर बा। मरे वालन के गिनिती बढ़ सकेला. वर्तमान में राहत आ बचाव के काम चल रहल बा

एह धमाका में भवन के एगो हिस्सा गिर गइल

जानकारी के मुताबिक विस्फोट में भवन के एगो हिस्सा गिर गईल अवुरी बतावल जाता कि अभी तक बहुत मजदूर मलबा के नीचे फंसल बाड़े। प्रशासन के ओर से प्रभावित लोग के पहचान अवुरी मदद खाती बचाव अभियान चलावल जाता।  एह दुखद दुर्घटना में दू गो मजदूरन के मौत के पुष्टि भइल बा आ नौ गो मजदूरन के गंभीर चोट के इलाज हो रहल बा. मौका पs इमरजेंसी टीम पहुंच गईल बा। अबे ले विस्फोट के कारण के खुलासा नईखे भईल।

बम फैक्ट्री में बनेला

अधिकारी बतवले कि मंगल के सबेरे खमरिया के केंद्रीय सुरक्षा संस्थान के आयुध फैक्ट्री में विस्फोट भईल। इहाँ बम आ विस्फोटक चीज बनावल जाला। उs बतवले कि घाही लोग के तत्काल इलाज खातीर निजी अस्पताल पहुंचावल गईल बा अवुरी उनुकर हालत गंभीर बतावल जाता।

 

 

 

Tags :
expansionJabalpurjabalpur newsMadhya Pradesh
Advertisement
Next Article