टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Delhi के रोहिणी में CRPF स्कूल के लगे तेज धमाका से दहलल लोग, मवका पs एफएसएल टीम आ बम निरोधक दस्ता

11:21 AM Oct 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
सीआरपीएफ स्कूल के पास धमाका - फोटो : अमर उजाला
Advertisement

रोहिणी के प्रशांत विहार इलाका में अतवार के धमाकन के आवाज सुनाई देलस। धमाका के आवाज सीआरपीएफ स्कूल के देलस। धमाका के बाद धुआ के गुबारो दिखाई देलस। डीसीपी रोहिणी अमित गोयल बवलें कि एक्सपर्ट के बोलावल गइल बा।

Advertisement

रोहिणी के डीसीपी अमित गोयल बतवलें कि धमाका के कारणन के पता लगावे खातिर एक्सपर्ट्स के बोलावल गइल बा। फिलहाल ई स्पष्ट नइखे कि धमाका कवना तरे के रहे आ एकर इसका स्रोत का बा। डीसीपी कहलें कि विशेषज्ञ टीम के इस्थिति के विस्तृत जानकारी दे पाई। क्राइम ब्रांच स्पेशल सेल स्पेशल स्टाफ मवका पs जा रहल बा लो।

ओहिजा, घटना के जानकारी फायर ब्रिगेड विभाग के सबेरे करीब 7:50 बजे दिहल गइल, जवना के बाद तुरंत दुगो दमकल गाड़ी भेजल गइल। हालांकि, अभी ले देवार में आग लागे भा क्षति के कवनो जानकारी नइखे मिलल। टीम लगातार इलाका में सर्चिंग कs रहल बिया।

दिल्ली पुलिस बतवलस कि सबेरे 7:47 बजे एगो पीसीआर कॉल प्राप्त भइल, जेमे कॉलर बतवलस कि सीआरपीएफ स्कूल सेक्टर-14 रोहिणी के लगे बहुत शोर के संगे एक विस्फोट भइल बा। थानाप्रभारी/पीवी आ स्टाफ मवका पs पहुंचल लो, जहां स्कूल के देवार क्षतिग्रस्त होखे के संगे दुर्गंध आवत रहे। लगे के दुकान आ दुकान के लगे खड़ा कार के सीसा क्षतिग्रस्त पावल गइल। केहू घायल नइकी भइल।

मवका पs क्राइम टीम, एफएसएल टीम आ बम निरोधक दस्ता बोलावल गइल बा। अपराध स्थल के घेराबंदी कs दिहल गइल बा। फायर ब्रिगेड के टीम मवका पs बिया। विस्फोट के कारणन पs गौर कइल जा रहल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsBomb Blast Near Rohini SchoolDCP Amit GoyalDelhi newsRohini news
Advertisement
Next Article