For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

इलाहाबाद यूनिवर्सिटी के हॉस्टल में बम बनवले के दौरान धमाका, छात्र घायल

12:48 PM Dec 14, 2023 IST | Minee Upadhyay
इलाहाबाद यूनिवर्सिटी के हॉस्टल में बम बनवले के दौरान धमाका  छात्र घायल
Advertisement

इलाहाबाद विश्वविद्यालय के छात्रावास में बम विस्फोट से एगो छात्र गंभीर रूप से घाही हो गईल।मिलल जानकारी के मुताबिक इ विस्फोट तब भईल जब छात्र छात्रावास में खाना बनावत रहे। घटना के जानकारी मिलला के बाद घाही छात्र के नजदीक के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

Advertisement

पुलिस के जांच में अबे ले पता नईखे चलल कि छात्रा बम काहें बनावत रहे। फिलहाल पुलिस ए समूचा मामिला के छानबीन करतिया।

ए घटना के बारे में पुलिस सहायक आयुक्त (शिवकुटी) राजेश कुमार यादव बतवले कि इलाहाबाद विश्वविद्यालय के एमए छात्र प्रभात यादव पीसी बनर्जी हॉस्टल में अपना कमरा में बम बनावत रहले। ओकरा बाद बम फट गईल जवना से उनुकर दाहिना हाथ गंभीर रूप से घाही हो गईल।

घाही छात्र के एसआरएन अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा जहाँ ओकर हालत गंभीर बनल बा। एह घटना में एगो अउरी छात्र के भी घायल होखे के खबर बा।

Tags :
Advertisement