टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

छपरा के रास्ते चले वाली स्पेशल ट्रेन के विस्तार: ग्वालियर-बरौनी समर स्पेशल 1 अगस्त तक 8 फेरा खातिर चलावल जाई 

10:46 AM Jul 04, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
प्रतिकात्मक तस्वीर।
Advertisement

रेलवे प्रशासन गरमी में यात्रियन के होखे वाला अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत पहिले से चलावल जा रहल गाड़ी संख्या 04137/04138 ग्वालियर-बरौनी-ग्वालियर द्विसाप्ताहिक ग्रीष्मकालीन विशेष गाड़ी के संचलन ग्वालियर से 07 से 31 जुलाई, तक हर अतवार आ बुध के होई।

Advertisement

बरौनी से आठ जुलाई से एक अगस्त, तक हर सोमार आ  बियफे के आठ फेरा खातिर बढ़ावल जा रहल बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़े। छपरा के रस्ता वाला ट्रेनन से यात्रियन के विशेष फायदा मिली।

04137 ग्वालियर-बरौनी द्विसाप्ताहिक ग्रीष्मकालीन विशेष गाड़ी 07 से 31 जुलाई, 2024 तक हर अतवार आ बुध के ग्वालियर से 07:10 बजे प्रस्थान कs के डबरा से 07:48 बजे, दतिया से 08:17 बजे, वीरांगना लक्ष्मीबाई जं. से 09:20 बजे, मोठ से 10:52 बजे, ऐट से 11:22 बजे, उरई से 11:45 बजे, काल्पी से 12:27 बजे, पुखराया से 12:52 बजे, कानपुर सेंट्रल से 15:35 बजे, उन्नाव से 16:10 बजे, लखनऊ से 17:35 बजे पहुंची।

ओहिजा, बाराबंकी से 18:35 बजे, बुढ़वल से 19:00 बजे, करनैलगंज से 19:32 बजे, गोंडा से 20:20 बजे, मनकापुर से 21:02 बजे, बस्ती से 22:10 बजे, दूसरका दिन गोरखपुर से 00:15 बजे, देवरिया सदर से 01:20 बजे, भटनी से 02:00 बजे, सीवान से 03:10 बजे, छपरा से 04:50 बजे, हाजीपुर से 06:05 बजे तथा शाहपुर पटोरी से 06:47 बजे छूटके बरौनी 08:00 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 04138 बरौनी-ग्वालियर द्विसाप्ताहिक ग्रीष्मकालीन विशेष गाड़ी 08 जुलाई से 01 अगस्त, 2024 तक हर सोमार आ बियफे के बरौनी से 09:30 बजे प्रस्थान कs के शाहपुर पटोरी से 10:22 बजे, हाजीपुर से 11:30 बजे, छपरा से 13:05 बजे, सीवान से 14:05 बजे, भटनी से 14:50 बजे, देवरिया सदर से 15:30 बजे, गोरखपुर से 17:20 बजे, बस्ती से 18:30 बजे, मनकापुर से 19:15 बजे पहुंची।

गोंडा से 20:40 बजे, करनैलगंज से 21:30 बजे, बुढ़वल से 22:27 बजे, बाराबंकी से 23:30 बजे, दूसरका दिन लखनऊ से 01:10 बजे, उन्नाव से 02:40 बजे, कानपुर सेंट्रल से 03:25 बजे, पुखराया से 04:35 बजे, काल्पी से 04:51 बजे, उरई से 05:18 बजे, ऐट से 05:39 बजे, मोठ से 06:05 बजे, वाीरांगना लक्ष्मीबाई जं. से 07:50 बजे, दतिया से 08:14 बजे आ डबरा से 08:42 बजे छूटके ग्वालियर 10:20 बजे पहुंची।

वातानुकूलित कुर्सी यान के 02 कोच रही

एह गाड़ी में साधारण द्वितीय श्रेणी के 11, वातानुकूलित कुर्सी यान के 02, साधारण द्वितीय श्रेणी कुर्सी यान के 03 आ एसएलआर/ड. के 02 कोच सहित कुल 18 कोच लगावल जा रहल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsChhapra NewsExtension of TrainGawaliyar-Barauni Summer Special Trainspecial trains
Advertisement
Next Article