For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर: शहर के पॉस सिविल लाइंस इलाका में भूमाफिया साकेत के आतंक से भयग्रस्त बा परिवार, जमीन आ संपत्ति पs कब्जा करे के कोसिस कs रहल बा हिस्ट्रीशीटर, परिवार दहशत में

08:16 AM Feb 19, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
गोरखपुर  शहर के पॉस सिविल लाइंस इलाका में भूमाफिया साकेत के आतंक से भयग्रस्त बा परिवार  जमीन आ संपत्ति पs कब्जा करे के कोसिस कs रहल बा हिस्ट्रीशीटर  परिवार दहशत में
Advertisement

गोरखपुर। सिविल लाइंस क्षेत्र में भूमाफिया के आतंक से एगो कीमती संपत्तियन के मालिक आ उनकर परिवार एह दिनन भयग्रस्त चल रहल बा। भूमाफिया आइल दिन उनका के आ परिवार के लोगन के डरा धमका के मकान आ जमीन पs कब्जा करे के कोसिस में लागल बा।

Advertisement

गोरखपुर प्रेस कल्ब में सोमार के प्रेस वार्ता के माध्यम से ममिला के जानकारी देत पीड़िता पूनम सिंह बतवली कि पिछला कइयन दिन से उनका मकान आ जमीन पs भूमाफिया संकेत मल्ल के कुदृष्टि बा। ऊ उनका के जान से मारे के कोसिस कs चुकल बा। उनका परिवार के सदस्यन के अक्सर भद्दा-भद्दा गाली करत रहेला। जमीन आ संपत्तियन पs कब्जा करे के भूमाफिया के एह कोसिस से पूरा परिवार भयग्रस्त बा।

हिस्ट्रीशीटर के बा दोसरो सम्पत्तियन पs नजर

पूनम सिंह बतवली कि एह पूरा ममिला के उच्चाधिकारियन तक पहुंचा चुकल बाड़ी। एतने ना संकेत मल्ल के नजर आसपास के दोसरो संपत्तियन पs बा। मालूम होखे कि पीड़िता के दिहल जानकारी के अनुसार संकेत एगो हिस्ट्रीशीटर हs आ ओकरा खिलाफ शहर के दुगो थानन में केस दर्ज बा। ओकरा पs पहिले रासुका लाग चूकल बा। ऊ एगो आदतन अपराधी हs।

हिस्ट्रीशीटर अपराधी जमीनन पs कब्जा करे के फेरा में अपना रिश्तेदारन तक के नइखे छोड़ले आ ओह लोगन के जमीन के फर्जी तरीका से अपना नावे करवा चूकल बा। जवना के मुकदमा लंबित बा।

खड़ा हो रहल बा गंभीर सवाल

शहर के प्रतिष्ठित आ पॉस इलाका मानल जाए वाला सिविल लाइंस क्षेत्र में पीड़िता के जमीन पs भूमाफिया के कब्जा करे के कोसिस से कइयन गो गंभीर सवाल खड़ा हो रहल बा। अइसन में एह ममिला के जांच कs के पुलिस प्रशासन के तुरंत कारवाई करे के चाही।

प्रशासन से उचित कारवाई के उठवली मांग 

पुनम सिंह कहली कि हमार शासन-प्रशासन से इहें मांग बा कि एह ममिला के जल्द से जल्द जांच करा के उचित निर्णय आ कारवाई कइल जाव। ताकि, भूमाफिया के भय से छूटकारा मिलो आ परिवार सुख आ शांति से रह सके।

Tags :
Advertisement