For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बारहवीं के विद्यार्थियन खातिर आयोजित भइल विदाई समारोह, खुशी मिस फेयरवेल आ अभय बनलें मिस्टर फेयरवेल 

09:19 PM Feb 11, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बारहवीं के विद्यार्थियन खातिर आयोजित भइल विदाई समारोह  खुशी मिस फेयरवेल आ अभय बनलें मिस्टर फेयरवेल 
Advertisement

बरहज (देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। बरहज के सतरांव में इस्थित आनन्द सर क्लासेस में कक्षा बारहवीं के विद्यार्थियन खातिर विदाई समारोह के आयोजन कइल गइल। एमे अलग-अलग तरह के खेलन के आयोजन कइल गइल।

Advertisement

विद्यार्थी लोग विदाई समारोह में हर्षोल्लास के संगे भाग लिहल लो। एह दौरान मिस फेयरवेल खुशी आ मिस्टर फेयरवेल अभय सिंह के सम्मानित कइल गइल।

विदाई समारोह के मुख्य अतिथि संतोष यादव आवे वाला परीक्षा खातिर सुभकामना देत कहलें कि शिक्षा दुनिया के जीते के सबसे शक्तिशाली हाथियार हs। कोचिंग संस्थान के डायरेक्टर आनन्द वर्मा उपस्थित सब केहू के धन्यवाद आ सुभकामना देलें। कार्यक्रम के संचालन मुरलिका तिवारी आ प्रियांसी तिवारी कइल लो।

एह कार्यक्रम में उमेश यादव, शारदा कुशवाहा, शिवांगी तिवारी, अंजली, खुशी सिंह, मुस्कान, अंकिता तिवारी, श्रेया तिवारी, अविनाश सिंह, अभय सिंह, करुणा, मनीषा, सत्यम तिवारी, सनी जयसवाल अनिकेत आदि मवजूद रहे लो।

Tags :
Advertisement