टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Faridabad News: अनंगपुर के झील में डूबला से युवक के मौत, साथी फरार

02:36 PM Jun 03, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Faridabad News: संदीप दू दिन पहिले आपन दोस्त विष्णु के साथे झील में नहाए गइल रहले। जवना के बाद उऽ वापस ना लवटले। सोमवार के भोरे परिवार के केहू सूचना देलस कि संदीप के लास झील पs मिलल बा। घटना के बाद संदीप के साथे गइल उनकर साथी विष्णु फरार बाड़े। विष्णुयो अनंगपुर गांव के रहे वाला बाड़े।

Advertisement

फरीदाबाद। अनंगपुर के झील में डूबके एगो युवक के मौत हो गइल। मृतक संदीप ऑटो चलावे के काम करत रहे। उऽ अनंगपुर में रहत रहे। परिवार के मोताबिक संदीप दू दिन पहिले अपना दोस्त विष्णु के साथे झील में नहाए खातिर गइले रहले। जवना बाद से उऽ वापस ना लौटले। सोमार के भोरे परिवार के केहू सूचना देलस कि संदीप के लास झील पs मिलल।

घटना के बाद से संदीप के साथे गइल उनकर साथी विष्णु फरार बा। विष्णुयो अनंगपुर गांवे के रहे वाला बा। परिवार मामला में हत्या के अशंको जता रहल बाड़े। हालांकि अबही ले कवनो पुलिस के केहू शिकायत नइखे देले। पुलिस के अनुसार संदीप के चेहरे पs कवनो तरे के चोट के निशान नइखे मिलल। अइसे में उनकर डूबे के कारण भइल बा। पुलिस विष्णु के तलाश में जुट गइल बा।

Tags :
Accident Accident NewsAccident NewsDurghatna newsuttar pradesh newsUttar Pradesh Police
Advertisement
Next Article